For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भारत से अमेरिका के स्मार्टफोन के निर्यात 254% बढ़ल, अप्रिल-दिसंबर, 2023 में 3.53 अरब डॉलर के बेयपार

09:30 AM Mar 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
भारत से अमेरिका के स्मार्टफोन के निर्यात 254  बढ़ल  अप्रिल दिसंबर  2023 में 3 53 अरब डॉलर के बेयपार
Advertisement

भारत से अमेरिका के स्मार्टफोन निर्यात चालू वित्त वर्ष के पहिला नव महीना माने अप्रिल-दिसंबर अवधि में 253.70 फीसदी बढ़के 3.53 अरब डॉलर पहुंच गइल बा। भारत एकरा संगही चीन आ वियतनाम के बाद अमेरिका के तीसरा सबसे बड़ स्मार्टफोन निर्यातक बन गइल बा। हालांकि, एह दौरान चीन आ वियतनाम से निर्यात में गिरावट आइल बा। भारत 2022-23 के समान अवधि में भारत अमेरिका के खाली 99.8 करोड़ डॉलर के स्मार्टफोन बेचले रहे।

Advertisement

वाणिज्य मंत्रालय के आंकड़न के मोताबिक, 2023-24 के अप्रिल-दिसंबर अवधि के दौरान स्मार्टफोन निर्यात में भारत के हिस्सेदारी बढ़के 7.76 फीसदी पs पहुंच गइल। 2022-23 के समान अवधि में ई दु फीसदी रहे। आंकड़न के मोताबिक, एह दौरान चीन से अमेरिका के स्मार्टफोन निर्यात 38.26 अरब डॉलर से घटके 35.1 अरब डॉलर रह गइल। वियतनामो से निर्यात 9.36 अरब डॉलर से गिरके 5.47 अरब डॉलर रह गइल बा।

विनिर्माण आ पीएलआई बढ़वलस रफ्तार

एगो अधिकारी बतवलें कि भारत स्मार्टफोन खातिर एगो प्रमुख उत्पादन केंद्र के रूप में उभर रहल बा। स्मार्टफोन विनिर्माण में वृद्धि से निर्यात में इजाफा भइल बा। एकरा अलावे, उत्पादन आधारित प्रोत्साहन (पीएलआई) योजना के घोषणा आ अमेरिकी कंपनी एपल के भारत में आईफोन विनिर्माण सुरू करहूं से निर्यात बढ़ावे में मदद मिलल बा।

शीर्ष-5 आपूर्तिकर्तन के निर्यात में गिरावट

चालू वित्त वर्ष के पहिला नव महीना में शीर्ष-5 आपूर्तिकर्तन से अमेरिका के स्मार्टफोन निर्यात घटके 45.1 अरब डॉलर रह गइल। 2022-23 के समान अवधि में ई देस अमेरिका के 49.1 अरब डॉलर के स्मार्टफोन निर्यात कइले रहले सs। शीर्ष-5 आपूर्तिकर्तन में भारत, चीन, वियतनाम, दक्षिण कोरिया आ हांगकांग सामिल बा। दक्षिण कोरिया से अमेरिका के निर्यात 85.8 करोड़ डॉलर से घटके 43.2 करोड़ डॉलर रह गइल। हांगकांग से निर्यात 13.2 करोड़ से कम होके 11.2 करोड़ डॉलर पs आ गइल।

कुल निर्यात बढ़के 10.5 अरब डॉलर

भारत स्मार्टफोन निर्यात के मोर्चा पs 2022-23 में दुनिया में आपन उपस्थिति दर्ज कवलस, जब देस से निर्यात एह अवधि में बढ़के 10.95 अरब डॉलर पs पहुंच गइल। आगहू इहे रफ्तार कायम रहल आ भारत ने 2023-24 के अप्रिल-दिसंबर अवधि में दुनिया के 10.5 अरब डॉलर के स्मार्टफोन बेच देलस।

साभार : अमर उजाला

Tags :
Advertisement