टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

DDU: पत्रकारिता के विद्यार्थियन में भइल स्मार्टफोन के वितरण, कुलपति कहली- सुरू बा स्टूडियो बनावे के प्रक्रिया 

12:05 PM Jan 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी आ पत्रकारिता विभाग में सुक के बीजे के 2021-22 सत्र के विद्यार्थियन में स्वामी विवेकानंद युवा सशक्तीकरण योजना के अंतर्गत स्मार्टफोन के वितरण कइल गइल। एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि विधान परिषद सदस्य देवेन्द्र प्रताप सिंह रहलें।

Advertisement

कार्यक्रम के अध्यक्षता करत विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन कहली कि स्मार्टफोन स्टूडेंट्स के शिक्षा में विशेष जोगदान करी। शिक्षा के तकनीक से जोड़े के कामसरकार कs रहल बिया आ  विश्वविद्यालय शासन के नीतियन के मोताबिक तकनीक आधारित शिक्षा के आगे बढ़ावे में लागल बा।

प्रो. टंडन बतवली कि एह फोन में सरकार के कइयन योजनन के बारे में जानकारी बा। जेमे विद्यार्थियन खातिर सरकार के एगो इंटर्नशिप के बारे में जानकारी दिहल बा। एह अवसर पs ऊ विभाग में जलदिये मीडिया लैब स्थापित करे के आश्वासन देली। कहली कि एकरा खातिर प्रक्रिया सुरू हो गइल बा।

मुख्य अतिथि विधान परिषद के सदस्य देवेन्द्र प्रताप सिंह सरकार के विद्यार्थी लोगन के स्मार्टफोन देवे के योजना के तारीफ करत छात्रन से कहलें कि ऊ एकरा सूचना के प्राथमिक स्रोत के रूप में तs इस्तेमाल करे लोग, बाकिर ज्ञान के क्षेत्र में महारत हासिल करे खातिर पुस्तकन के अध्ययन जरूरी बा। ऊ एगो चैतन्य राष्ट्र निर्माण में पुस्तकन के संगे-संगे शिक्षकन के भूमिका के रेखांकित कइलें।

इस अवसर s अधिष्ठाता छात्र कल्याण प्रो. अनुभूति दूबे स्मार्टफोन वितरण कार्यक्रम के जानकारी देत कहली कि जल्दिये विश्वविद्यालय के आउर विभागन में स्मार्टफोन वितरण कइल जाई।

एकरा पहिले अपना स्वागत वक्तव्य में हिन्दी आ पत्रकारिता विभाग के अध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी पत्रकारिता विभाग पs विशेष धेयान देवे खातिर कुलपति प्रो. टंडन के आभार व्यक्त कइलें।

एह अवसर पs एह बैच के ओह छात्र-छात्रा लोगन के सम्मनित कइल गइल जे मीडिया के प्रतिष्ठित संस्थानन में कार्यरत बा लो।

कार्यक्रम के संचालन डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी आ आभार ज्ञापन पत्रकारिता पाठ्यक्रम के समन्वयक प्रो. राजेश कुमार मल्ल कइलें।

एह कार्यक्रम में स्मार्टफोन वितरण योजना के नोडल अधिकारी संतोष पांडेय आ विभाग के शिक्षक प्रो. अनिल राय, डॉ. रामनरेश राम, डॉ. नरेंद्र कुमार, डॉ. संदीप यादव, डॉ. अखिल मिश्र, डॉ. ऋतु सागर, डॉ. अपर्णा पांडेय, प्रियंका नायक, डॉ. नरगिस बानो आ आयुष सेंगर उपस्थित रहल लो।

Tags :
Bhojpuri NewsDduDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur UniversityHindi and Journalism DepartmentHOD Pro. Deepak TyagiMedia LabMLC Devendra Pratap SinghPro. Anubhuti DubeyPro. Rajesh Kumar MallSmartphone DistributionVC Pro. Pooam Tandon
Advertisement
Next Article