टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

' तऽ हम 2 जून के वापस जेल ना जाइब...', केजरीवाल के बयान के खिलाफ SC पहुंचल ED के झटका, सुप्रीम कोर्ट कहलस ई बात

02:15 PM May 16, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Supreme Court on Kejriwal statement दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के एगो बयान के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट पहुंचल जांच एजेंसी ईडी के झटका लागल बा। शीर्ष न्यायालय केजरीवाल के बयान के खिलाफ ईडी के आपत्ति पs विचार करे से इनकार कर देलस बिया। केजरीवाल कहले कि जदि लोग हमरा पार्टी के वोट दिही तऽ उऽ फेर से जेल ना जइहें।

Advertisement

कोर्ट आपत्ति पऽ विचार करे से इनकार

SC (सुप्रीम कोर्ट) अरविंद केजरीवाल के उऽ बयान पs कइल आपत्ति पs विचार करे से इनकार कऽ देलस, जवना में उऽ कहले रहले कि जदि लोग AAP के वोट दिहें, तऽ उऽ 2 जून के वापस जेल ना जइहें।

न्यायमूर्ति संजीव खन्ना आ न्यायमूर्ति दीपांकर दत्ता की पीठ आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक के अंतरिम जमानत से संबंधित बयान  पs प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) आ केजरीवाल के वकील के दावा आ जवाबन पs विचार करे से इनकार कऽ देलस।

पीठ कहलस, '' हमनी केहू खातिर कवनो अपवाद नइखी बनवले, हमनी अपना आदेश में उहे कहनी जवन उचित लागल।'' पीठ कहलस कि फैसला के आलोचनात्मक विश्लेषण के ''स्वागत'' बा।

नेता लो के बइठकि में देले रहले ई बयान

केजरीवाल जेल से बाहर आवे के बाद अपना पार्टी नेता लो के साथे बइठक में कहले कि उनका 2 जून के वापस जेल जाए के होई । सीएम आगे कहले कि जदि उनका पार्टी के नेता मेहनत कऽ के 4 जून के इंडी गठबंधन के सरकार बनवा देत बाड़े तऽ उनका जेल ना जाए के पड़ी।

भाजपा पs लगवले सरकार तुड़े के प्रयास के आरोप

केजरीवाल एही के साथे आरोप लगवले कि भाजपा उनका के जान बूझ के जेल भेजलस ताकि उऽ AAP के तुड़ सके आ पार्टी के पार्षद के अपना संगे लिआ सके। दिल्ली सीएम कहले कि भाजपा के कोशिश नाकाम हो गइल बा आ हमनी के पार्टी आउरो संगठित हो गइल बिया।

केजरीवाल के बयान पऽ SC कहलस ई बात

ईडी के ओर से पेश होत सॉलिसिटर जनरल तुषार मेहता चुनावी रैलियन में केजरीवाल के भाषण पs आपत्ति जतवले कि जदि लोग उनका के वोट देलस, तऽ उनका 2 जून के वापस जेल ना जाए के पड़ी। पीठ मेहता से कहलस, '' ई उनकर धारणा बा, हमनी कुछ नइखी बोल सकत।''

Tags :
Aravind KejriwalArvind KejariwalArvind Kejariwal Delhi cmSuprimeSUPRIME COURT
Advertisement
Next Article