टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

...तऽ हमरा जेल ना जाए के पड़ी', रोड शो के दूसरका दिने CM केजरीवाल दिल्लीवासियन से कइले अपील

10:09 PM May 12, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Arvind Kejariwal: सीएम केजरीवाल उत्तम नगर के रोड शो में कहले कि 15 दिन ले हमार दवाई बंद भइल रहे। हम शुगर के मरीज हई । जब बहरी रहनी तऽ 52 युनिट रोज इंसुलिन लेत रही । जब तिहाड़ गइनी तऽ 15 दिन ले इंसुलिन बंद कऽ दिहल गइल रहे। जनता बाहर आवाज उठवलस तऽ ई लोग दूबारा दवा शुरू कइलस। ई तानाशाही हऽ ए तरे से देश नइखे चल सकत।

Advertisement

मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल रविवार के रोड शो में कहले कि जदि लोग 25 मई के आम आदमी पार्टी के चुन रहल बा , तऽ उनका वापस जेल ना जाए के पड़ी। बता दी कि आप के राष्ट्रीय संयोजक एक जून ले अंतरिम जमानत पs बाड़े । उनका दू जून के आत्मसमर्पण करे के पड़ी।

केजरीवाल ऐतवार के नई दिल्ली संसदीय क्षेत्र के मोती नगर आ पश्चिमी दिल्ली लोकसभा क्षेत्र के उत्तम नगर इलाका में रोड शो के दौरान भाजपा पs आरोप लगावत घरी कहले कि उऽ लोग हमरा के जेल भेजलस, काहेकि हम जनता खातिर काम कइनी। भाजपा नइखे चाहत कि दिल्ली के लोगन के काम होखे।

जनता आवाज उठवलस तऽ हमरा के दवाई दिहल गइल: केजरीवाल 

उऽ आरोप लगवले कि 15 दिन ले हमार दवाई बंद कर दिहल गइल। हम शुगर के मरीज हई । जब बाहर रहनी तऽ 52 युनिट रोज इंसुलिन लेत रही। जब तिहाड़ गइनी तऽ 15 दिन ले हमार इंसुलिन बंद कऽ दिहल गइल। जनता बाहर आवाज उठवलस तऽ ई लोग दूबारा दवा शुरू कइलस। ई तानाशाही हऽ, ए तरे देश नइखे चल सकत।

आप संयोजक कहले कि हम वापस जेल गइनी, तऽ भाजपा आपन काम बंद कर दिही, मुफ्त बिजली ना मिली , स्कूलन के हालत खराब कऽ दिही आ अस्पतालन आ मोहल्ला क्लीनिकन के बंद कऽ दिही।

जेल में रउआ सभे के बड़ी याद आइल: केजरीवाल

सीएम कहले कि हम एक महीना जेल में रहनी। रउ लोगन के बड़ी इयाद आइल जेल में। हमरा से जेल में मिले भगवंत मान, पत्नी सुनीता केजरीवाल आवत रहली। उऽ बतावत रहले कि कई गो लोग व्रत रखलस ,भारा भखले बा। आज रउआ लोगन के आशीर्वाद से हम रउआ लोगन के बीच में बानी ।

रोड शो में केजरीवाल के साथे पंजाब के मुख्यमंत्री भगवंत मानो रहले। मान कहले कि दिल्ली के सीएम 20 दिन के खातिर जेल से बाहर अइले आ देशभक्तन खातिर अतना दिन काफी होला। इनका दिल्ली के लोगन के बहुत चिंता बा ।

Tags :
Aravind KejriwalArvind Kejariwal Delhi cmArvind Kejriwalcm arvind KejariwalCM Bhagwant MaanDelhi CMKejriwalLoksabha ElectionsPoltics News
Advertisement
Next Article