टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एक घंटा ठप रहला के बाद सुरू भइल X सर्विस: सबरे करीब 11 बजे से यूजर पोस्ट ना देख पात रहे लो, दुनियाभर में एकर 33 करोड़ यूजर

12:45 PM Dec 21, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X के सर्विस फेर से सुरू हो गइल बा। ई प्लेटफॉर्म करीब एक घंटा डाउन रहल। एह कारण यूजर्स पोस्ट ना देख पावत रहे लो। भारत समेत दुनियाभर के यूजर्स के बियफे सबेरे करीब 11 बजे से X के एक्सेस करे में समस्या होत रहे।

Advertisement

यूजर्स के पोस्ट के जगह एगो मैसेज लउकत रहे लो। जेमे लिखल रहे 'वेलकम टु X'। एकरा प्लेटफॉर्म के डेस्कटॉप आ मोबाइल दुनो वर्जन प्रभावित भइल रहे। आउटेज ट्रैकिंग वेबसाइट डाउनडिटेक्टर.कॉम पs कइयन लोग X डाउन होखे के जानकारी देले रहे।

X के 33 करोड़ से जादे यूजर

स्टैटिस्टा के अनुसार दुनियाभर में X के करीब 33 करोड़ यूजर्स बा लो। अमेरिका में 9.5 करोड़ आ भारत में एकर 2.7 करोड़ यूजर्स बा लो। हर रोज करीब 50 करोड़ पोस्ट कइल जाला। एकरा के जुलाई 2006 में लॉन्च कइल गइल रहे। 27 अक्टूबर 2022 के एलन मस्क एकरा के 44 बिलियन डॉलर में किनले रहस। आज के हिसाब से ई रकम करीब 3.6 लाख करोड़ रुपिया होला।

एकरा पहिले मार्च में सर्विस डाउन भइल रहे

एकरा पहिले एही साल मार्च में X (तब ट्विटर) के सर्विस डाउन हो गइल रहे। तब यूजर्स के अपना टाइम लाइन पs ट्वीट देखे आ नया ट्वीट पोस्ट करे में परेसानी हो रहल बा। संयुक्त राज्य अमेरिका, यूके, जापान आ भारत सहित अलग-अलग देसन के यूजर्स आउटेज के शिकायत कइले रहे लो।

Tags :
Bhojpuri NewsElon MuskSocial Media PlatfornTech NewsXX Down
Advertisement
Next Article