टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X डाउन भइल :यूजर्स पोस्ट नइखे कs पावत लो, ना देख पा रहल बा लो; सबेरे करीब 11 बजे से समस्या

11:56 AM Dec 21, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X डाउन हो गइल बा। एह कारण यूजर्स पोस्ट नइखे कs पा रहल बा लो आ नइखे देख पा रहल बा लो। भारत समेत दुनियाभर के यूजर्स के बियफे सबेरे करीब 11 बजे से X के एक्सेस करे में समस्या हो रहल बा। यूजर्स के पोस्ट के जगह एगो मैसेज दिख रहल बा। जेमे लिखल बा 'वेलकम टू X'।

Advertisement

एसे प्लेटफॉर्म के डेस्कटॉप आ मोबाइल दुनो वर्जन प्रभावित भइल बा। आउटेज ट्रैकिंग वेबसाइट डाउनडिटेक्टर.कॉम पs कइयन लोग X के डाउन होखे के जानकारी दिहल। डाउनडिटेक्टर के मोताबिक, प्लेटफॉर्म के उपयोग न कs पावे के 70,000 से अधिक रिपोर्ट बा। एह समय, एह समस्या के कारण के बारे में कवनो जानकारी नइखे।

एकरा पहिले मार्च में सर्विस डाउन भइल रहे

एकरा पहिले एही साल मार्च में X (तब ट्विटर) के सर्विस डाउन हो गइल रहे। तब यूजर्स के अपना टाइम लाइन पs ट्वीट देखे आ नया ट्वीट पोस्ट करे में परेसानी हो रहल बा। संयुक्त राज्य अमेरिका, यूके, जापान आ भारत सहित अलग-अलग देसन के यूजर्स आउटेज के शिकायत कइले रहे लो।

Tags :
Elon MuskSocial Media PlatfornTech NewsXX Down
Advertisement
Next Article