For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Solar Energy: 2050 तक सौर ऊर्जा उत्पादन लागत में 60% तक के आई कमी, आईएसए रिपोर्ट में कइलस ई दावा

05:50 PM Nov 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
solar energy  2050 तक सौर ऊर्जा उत्पादन लागत में 60  तक के आई कमी  आईएसए रिपोर्ट में कइलस ई दावा
सोलर पैनल - फोटो : Adobe Stock
Advertisement

Solar Energy: बढ़त मांग आ प्रसार के देखते सौर ऊर्जा उत्पादन के लागत 2050 तक 40-60 प्रतिशत तक कम होखे के संभावना बा। अंतरराष्ट्रीय सौर गठबंधन (आईएसए) के एगो रिपोर्ट में ई बात कहल गइल बा। रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि सौर ऊर्जा अपना प्रसार के संभावना आ लागत प्रभावी होखे के कारण एगो अइसन अक्षय ऊर्जा स्रोत के रूप में उभर रहल बा। ई इस्थिति एकरा के वैश्विक ऊर्जा संक्रमण के केंद्र बनावत बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि "सौर ऊर्जा के चौबीसो घंटा उत्पादन के लागत 2050 तक सब तरे के स्रोतन के तुलना में 40 प्रतिशत से 60 प्रतिशत तक कम हो जाई आ ई सौर ऊर्जा अपनावे के प्रगति के ट्रैक करे खातिर एगो प्रमुख मीट्रिक के रूप में उभरी।

Advertisement

रिपोर्ट में सौर ऊर्जा के क्षमता के बारे में बतावलो गइल बा, जवन ग्रीनहाउस गैस उत्सर्जन के 25 प्रतिशत तक घटा सकत बा। सौर ऊर्जा सदी के मध्य तक बिजली उत्पादन के लागत के 60 प्रतिशत तक कम कs सकत बा। एकरा अलावे, रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि सौर ऊर्जा से आउर ऊर्जा स्रोतन के तुलना में तीन से चार गुना जादे हरित रोजगार सृजित होखे के उम्मीद बा। 2050 तक वैश्विक स्तर पs एकरा माध्यम से 2.7 करोड़ सृजित होखे के अनुमान बा। अइसन होखे से महिला लोगन आ हाशिया पs पड़ल समुदायन के लाभ होई, जवना से समावेशी आर्थिक विकास के आउर बढ़ावा मिली।

रिपोर्ट के अनुसार, कम आय वाला देसन (एलआईसी) में, सौर ऊर्जा एक अरब से जादे लोगन के बीच ऊर्जा पहुंच के अंतर के पाटे में मदद कs सकत बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि "सौर ऊर्जा ग्रिड से जुड़ल आ विकेंद्रीकृत समाधान के एगो शृंखला के माध्यम से वैश्विक स्तर पs 1 अरब से जादे लोगन तक ऊर्जा के पहुंच सुनिश्चित कइल जा सकत बा। रिपोर्ट में लगभग 2.6 टेरावाट मवजूदा ऊर्जा परिसंपत्तियन के हरित ऊर्जा में परिवर्तित करे खातिर लक्षित नीतियन आ तकनीकी हस्तक्षेप के आवश्यकता पs बल दिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement