टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: पिता के लाइसेंसी राइफल से बेटा खुद के मरलस गोली, भइल मउत

09:02 AM Oct 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

इलाका के मोहरा गांव निवासी पंचम सिंह के बेटा आयुष सिंह (24) के शुक के सबेरे अपना घर के कमरा में गोली लगला से मउत हो गईल। सूचना पs पहुंचल पुलिस शव के हिरासत में ले लेलस। लोग के मुताबिक आयुष अपना पिता के लाइसेंस राइफल से खुद के गोली मार देले। मउत के जानकारी मिलला के बाद घर में रोवाई अवुरी विलाप होखे लागल लागल।

मोहरा गांव के निवासी पंचम सिंह जम्मू कश्मीर के सूबेदार के रूप में सेना में तैनात बाड़े। इनकर लइकन में आयुष सबसे छोट बाड़े। लोग के मुताबिक उs सबेरे चाय पियला के बाद अपना कमरा में रहले। एही बीच गोली के आवाज सुन के घर के लोग दौड़े लगले। जहाँ आयुष मृत अवस्था में फर्श पs पडल रहे। बेटा के मरल देख के माई अनिता देवी रोए लगली.

बतावल जाता कि राइफल के गोली से ठोड़ी में लागला के बाद खोपड़ी से टकरा गईल। घटना से लोग चौंक गईल बाड़े। गाँव में सन्नाटा बा। सीओ रुद्रपुर अंशुमान श्रीवास्तव बतवले कि गोली के चोट से युवक के मउत हो गईल। शव के पोस्टमार्टम खाती भेज दिहल गईल बा।

 

Tags :
Crime Newsgorakhpur crime newsgorakhpur newsVanguard Village
Advertisement
Next Article