For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Sonakshi-Zaheer Wedding: 'बिहार में घुसे ना देब...', सोनाक्षी-जहीर के बियाह के विरोध; लउकल धमकी भरल पोस्टर

10:12 AM Jun 25, 2024 IST | Sonu Kishor
sonakshi zaheer wedding   बिहार में घुसे ना देब      सोनाक्षी जहीर के बियाह के विरोध  लउकल धमकी भरल पोस्टर
Advertisement

सोनाक्षी सिन्हा आ जहीर इकबाल अब शादी के बंधन में बंध गइल बाड़े। दुनु जाने के बियाह के खिलाफ बिहार में आवाज उठावल गइल बा। दरअसल पटना में सोनाक्षी सिन्हा आ जहीर इकबाल के शादी के खिलाफ पोस्टर्स देखे के मिलल। एमें धमकी दिहल गइल बा कि सोनाक्षी सिन्हा के बिहार में घुसे ना दिहल जाई। पोस्टर में लव जिहाद के बढ़ावा देवे के बातो कहल गइल बा।

Advertisement

बॉलीवुड के फेमस सेलिब्रिटी आ बिहार के बेटी सोनाक्षी सिन्हा (Sonakshi Sinha) अब जहीर इकबाल (Zaheer Iqbal) के साथे शादी के बंधन में बंध गइल बाड़ी। जहां एक ओर, फिल्मी गलियारन में एह शादी के लेके उत्साह देखल जा रहल बा।

ओहिजा, दूसरका ओर, बिहार में सोनाक्षी सिन्हा आ जहीर इकबाल के शादी (Sonakshi Sinha Zaheer Iqbal Marriage) के खिलाफ आवानो उठे लागल बा।

पटना में सोनाक्षी सिन्हा आ जहीर इकबाल के बियाह के खिलाफ लागल पोस्टर्स नजर आइल बा। ई पोस्टर हिन्दू शिवभवानी सेना द्वारा लगावल गइल बा। पोस्टर में लिखल गइल बा कि सोनाक्षी सिन्हा आ जहीर इकबाल के शादी लव जिहाद के बढ़ावा देता।

पोस्टर में आउर का लिखल गइल ?

पोस्टर में आगे लिखल गइल बा कि शत्रुघ्न सिन्हा जी शादी के फैसला पs पुनर्विचार करस ना तऽ अपना बेटन लव आ कुश के साथे घर के नांव 'रामायण' बदल देस। सोनाक्षी सिन्हा के हिन्दू शिवभवानी सेना बिहार में घुसे ना दी।

बता दी कि पोस्टर में लव कुमार सिंह 'रुद्र' के नांव के जिक्र कइल गइल, जे हिन्दू शिवभवानी सेना के राष्ट्रीय अध्यक्ष बतावल जा रहल बाड़े।

चर्चित एक्टर शत्रुघ्न सिन्हा (Shatrughan Sinha) के बेटी सोनाक्षी 23 जून के जहीर इकबाल से रजिस्टर्ड मैरिज कइली। उऽ लंबा समय से जहीर के साथे रिलेशनशिप में रहली। शादी के बाद लैविश रिसेप्शन पार्टीयो के आयोजन कइल गइल, जवना में तमाम बॉलीवुड सितारा शिरकत कइलें।

Tags :
Advertisement