टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी में सपा-कांग्रेस में गठबंधन: सपा कांग्रेस के 11 सीट देलस, अखिलेश बोललें- INDIA आ PDA इतिहास बदल दी 

03:17 PM Jan 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

उत्तर प्रदेश में आखिरकार सपा आ कांग्रेस के बीच गठबंधन हो गइल। प्रदेश में 11 सीटन पs कांग्रेस लोकसभा चुनाव लड़ी। अखिलेश खुद ट्वीट कs के एकर जानकारी देलस। ऊ लिखलें- कांग्रेस के संगे 11 मजबूत सीटन से हमनी के सौहार्दपूर्ण गठबंधन के अच्छा सुरुआत हो रहल बा। ई सिलसिला जीत के समीकरण के संगे आउर आगे बढ़ी।

Advertisement

ऊ लिखलें- इंडिया के टीम आ PDA के रणनीति इतिहास बदल दिही। एकरा पहिले सपा आ रालोद में 7 सीट पs गठबंधन भइल रहे। माने, अब यूपी में इंडिया गठबंधन में सपा, कांग्रेस आ रालोद के बीच सीटन पs सहमति बन गइल बा।

यूपी कांग्रेस अध्यक्ष अजय राय कहलें- अखिलेश के ट्वीट पs केंद्रीय नेतृत्व के फैसला लेवे के बा। फिलहाल, दुनो पार्टियन के बीच सकारात्मक आ अच्छा माहौल में बातचीत चल रहल बा।

एकरा पहिले, 17 जनवरी के दिल्ली में कांग्रेस के संगे सपा महासचिव राम गोपाल यादव के बैठक भइल रहे। बैठक में बाहर निकलके राम गोपाल कहलें, 'हमनी के आधा रास्ता तय कs लेले बानी सs। बाकी आधा रास्ता जल्द तय कs लिहल जाई।' राम गोपाल के एह बयान के बाद से ई संकेत मिल गइल रहे कि सीट शेयरिंग के लेके कांग्रेस आ सपा में बात बन गइल बा।

60 सीटन पs सपा लड़ी चुनाव

एकरा पहिले, 19 जनवरी के अखिलेश यादव 7 सीट RLD के देवे के ऐलान कइले रहस। ओहिजा, 1-1 सीट अपना दल कमेरावादी आ चंद्रशेखर के पार्टी के दे सकत बिया। अइसन में मानल जा रहल बा कि बचल सीटनप s 60 सीटन पs सपा चुनाव लड़ी।

अमेठी, रायबरेली समेत 11 सीट कांग्रेस के मिल सकत बा।
कांग्रेस के प्रदेश की कवन-कवन 11 सीट दिहल जाई। एकर जानकारी अभी सामने नइखे आइल। हालांकि, सूत्रन मोताबिक, वाराणसी, गोरखपुर, महाराजगंज, प्रयागराज, झांसी, कुशीनगर, गाजियाबाद, अमेठी, रायबरेली, लखनऊ आ बांसगांव कांग्रेस के दिहल जा सकत बा।

यूपी में पिछला 3 चुनावन में कांग्रेस के प्रदर्शन

Tags :
Bhojpuri NewsIndi AllianceSP Congress AllianceSP-Congressup news
Advertisement
Next Article