For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लोकसभा चुनाव खातिर सपा जारी कइलस 11 प्रत्याशियन के दूसरका सूची, गाजीपुर से मुख्तार के भाई के टिकट

06:54 PM Feb 19, 2024 IST | Sonu Kishor
लोकसभा चुनाव खातिर सपा जारी कइलस 11 प्रत्याशियन के दूसरका सूची  गाजीपुर से मुख्तार के भाई के टिकट
Advertisement

लोकसभा चुनाव के तैयारियन के लेके समाजवादी पार्टी  कमर कस लेले बिया। आपन तइयारी के अनुरुप अखिलेश यादव सोमार के 11 प्रत्याशियन के सूची जारी करत चुनाव के ओर आपन अगिला कदम बढ़ा देले बाड़न। समाजवादी पार्टी के ओर से जारी नवका सूची में मुजफ्फरनगर से हरेंद्र मलिक आंवला से नीरज मौर्य शाहजहांपुर से राजेश कश्यप हरदोई से ऊषा वर्मा के नाम के एलान कइले बाड़न।

Advertisement

मिश्रिख लोकसभा सीट से समाजवादी पार्टी रामपाल राजवंशी, मोहनलालगंज से आरके चौधरी, प्रतापगढ़ से एसपी सिंह पटेल के टिकट देले बाड़न। एकरा अलावा पार्टी से बहराइच से रमेश गौतम, चंदौली से वीरेंद्र सिंह आ गोंडा से श्रेया वर्मा पऽ पार्टी दांव लगवले बा। एकरा अलावा अखिलेश यादव गाजीपुर लोकसभा सीट से माफिया मुख्तार अंसारी के भाई अफजाल अंसारी को टिकट देले बाड़े।

के हऽ राजेश कश्यप

समाजवादी पार्टी राजेश कश्यप के लोकसभा चुनाव खातिर आपन प्रत्याशी घोषित कइले बिया।  दिल्ली निवासी राजेश लगभग डेढ़ बरिस से जिला में संगठन में सक्रिय बाड़न। टिकट खातिर आवेदन कईला के बादऽ से उऽ जनसंपर्क अभियान के तेज कइले रहलें। 2019 के चुनाव में उऽ बरेली के फरीदपुर से टिकट मंगले रहस, बाकिर मिलल ना। सपा अबहीं ले खाली दुइए बेर  ई सीट जीतल बिया।पिछला चुनाव में गठबंधन होखला के चलते ई सीट बसपा के खाता में चल गइल रहें।

Tags :
Advertisement