For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

महाराष्ट्र से दिल्ली पहुंचल स्पेशल 'कांदा एक्सप्रेस ट्रेन', 35 रुपिया/किलो मिली प्‍याज

01:51 PM Oct 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
महाराष्ट्र से दिल्ली पहुंचल स्पेशल  कांदा एक्सप्रेस ट्रेन   35 रुपिया किलो मिली प्‍याज
Advertisement

Advertisement

त्योहार के समय प्याज के दाम कम करे खातीर सरकार एगो बड़ कदम उठवले बिया। सरकार महाराष्ट्र से प्याज के बड़ खेप दिल्ली भेजले बिया। स्पेशल ‘कांदा एक्सप्रेस ट्रेन’ महाराष्ट्र से प्याज लेके दिल्ली पहुंचल बा। एकरा बाद दिल्ली में एनसीसीएफ, नाफेड अवुरी मोबाइल वैन के माध्यम से इs प्याज 35 रुपिया/किलो के दाम पs आम जनता के उपलब्ध करावल जाई। बता दीं कि दिल्ली के खुदरा बाजार में प्याज के भाव 75 रुपिया प्रति किलो ले पहुंच गईल बा। एकरा से आम जनता के बहुत परेशानी हो रहल बा। त्योहार के मौसम में दाम अउरी ना बढ़े खातिर सरकार पूरा तैयारी शुरू कs देले बिया।

दाम कम करे खातिर प्याज के आपूर्ति बढ़ी

दिवाली से पहिले प्याज के दाम कम करे खातीर सरकार भारतीय रेलवे के मदद से दिल्ली के थोक बाजार में 1600 टन प्याज के आपूर्ति करे के फैसला कईले बिया। दिल्ली पहुंचला के बाद दिल्ली अवुरी आसपास के बाजार में रोज 2500 से 2600 टन प्याज के आपूर्ति होई। नाशिक से प्याज 42 ट्रेन के कोच में लाद के दिल्ली आईल बा।

दोसरा राज्यन के भी राहत देबे के तइयारी 

हालही में उपभोक्ता मामिला सचिव निधि खरे कहले रहले कि दिल्ली के तरह ई व्यवस्था देश के दोसरो राज्यन में कइल जाई. हमनी के फोकस लखनऊ, वाराणसी अवुरी असम, नागालैंड अवुरी मणिपुर समेत पूर्वोत्तर के राज्य में विस्तार करे पs बा। बता दीं कि सितंबर महीना से प्याज, टमाटर आ हरियर सब्जी के दाम बढ़ल बा। एकरा चलते आम लोग के समस्या के सामना करे के पड़ता। त्योहार के मौसम में दाम में अउरी बढ़ोतरी ना होखे एकरा खातिर तइयारी शुरू कs दिहल गइल बा.

Tags :
Advertisement