For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा के रास्ते चलावल जाई स्पेशल ट्रेन: यात्रियन के बढ़त भीड़ के लेके रांची-बलरामपुर के बीच होई परिचालन, यात्रियन के मिली सुविधा

12:42 PM Nov 24, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा के रास्ते चलावल जाई स्पेशल ट्रेन  यात्रियन के बढ़त भीड़ के लेके रांची बलरामपुर के बीच होई परिचालन  यात्रियन के मिली सुविधा
Advertisement

रेलवे प्रशासन के ओर से छठ त्योहार पs होखे वाली अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 08628/08627 रांची-बलरामपुर- छठ पूजा विशेष गाड़ी के संचलन 24 नवंबर दिन सुक के रांची से आ 25 नवम्बर, 2023 दिन सनीचर के बलरामपुर से एक फेरा खातिर कइल जाई।

Advertisement

ई ट्रेन छपरा के रास्ते बलरामपुर आ रांची से संचालित होई। एह ट्रेन के संचालन से छपरा आ आसपास के यात्रियन के विशेष सहूलियत मिली। ई ट्रेन रांची से चलके दूसरका दिन अतवार के 11:40 में पहुंची। बलरामपुर से चलके दूसरका दिन सबेरे 7:55 में पहुंची।

एह ट्रेनन के होई परिचालन

08628 रांची-बलरामपुर छठ पूजा विशेष गाड़ी 24 नवंबर, 2023 के रांची से 21:45 बजे प्रस्थान कs के मूरी से 22:55 बजे, बोकारो स्टील सिटी से 23:37 बजे, दूसरका दिन धनबाद से 02:25 बजे, मधुपुर जंक्शन से 05:00 बजे, जसीडीह से 05:25 बजे, झाझा से 06:15 बजे, कियूल से 07:00 बजे, मोकामा से 07:50 बजे, बख्तियारपुर से 08:20 बजे, पटना से 09:15 बजे, पाटलिपुत्र से 09:45 बजे, दिघवारा से 10:30 बजे, छपरा से 11:40 बजे, सीवान से 12:35 बजे, देवरिया सदर से 13:32 बजे, गोरखपुर से 15:10 बजे, आनन्द नगर से 16:00 बजे, सिद्धार्थनगर से 16:30 बजे, बढ़नी से 17:15 बजे आ तुलसीपुर से 17:50 बजे छूटके बलरामपुर 18:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 08627 बलरामपुर-रांची छठ पूजा विशेष गाड़ी 25 नवंबर, 2023 के बलरामपुर से 23:30 बजे प्रस्थान कs  के दूसरका दिन तुलसीपुर से 00:07 बजे, बढ़नी से 00:55 बजे, सिद्धार्थनगर से 02:00 बजे, आनन्दनगर से 03:00 बजे, गोरखपुर से 04:45 बजे, देवरिया सदर से 05:57 बजे, सीवान से 06:55 बजे, छपरा से 07:55 बजे, दिघवारा से 08:55 बजे, पाटलिपुत्र से 09:42 बजे, पटना से 10:20 बजे, बख्तियारपुर से 11:07 बजे, मोकामा से 11:40 बजे, कियूल से 12:27 बजे, झाझा से 13:20 बजे, गोरखपुर से 15:10 बजे, जसीडीह से 14:07 बजे, मधुपुर से 14:35 बजे, धनबाद से 16:20 बजे, बोकारो स्टील सिटी से 18:15 बजे आ मूरी से 19:55 बजे छूटके रांची 21.15 बजे पहुंची।

Tags :
Advertisement