टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Spotify लिया रहल बा जोरदार AI फीचर, रउवा ला बना दीही राउर मनपनसंद गाना के प्लेलिस्ट

10:46 AM Apr 26, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

Spotify AI Playlist Feature: म्यूजिक स्ट्रीमिंग सेवा स्पोटिफाई भी एगो नाया जेनरेटिव एआई फीचर लॉन्च करे के घोषणा कइले बिया। एह एआई फीचर के मदद से यूजर आसानी से अपना पसंद के गाना के प्लेलिस्ट बना सकतारे। आईं हमनी के एह फीचर के बारे में विस्तार से बतावत बानी स।

Advertisement

SPOTIFY AI FEATURES: आजकल अधिकांश टेक कंपनी आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के इस्तेमाल क के यूजर के बेहतर अनुभव दे रहल बिया। सर्च इंजन से लेके फूड डिलीवरी ऐप तक सभ कंपनी एआई के इस्तेमाल उपयोगकर्ता के पसंद के मुताबिक चीज़ देखावे खातीर करतिया। एह सीरीज में म्यूजिक स्ट्रीमिंग सेवा स्पोटिफाई भी एगो नाया जेनरेटिव एआई फीचर लॉन्च करे के घोषणा कइले बिया। एह एआई फीचर के मदद से यूजर आसानी से अपना पसंद के गाना के प्लेलिस्ट बना सकतारे।

स्पोटिफाई में पहिलही से यूजर के गाना पसंद करे आ आपन प्लेलिस्ट बनावे के सुविधा रहे। बाकी, कबो-कबो प्लेलिस्ट बनावे में जादा समय लागेला। एह प्रक्रिया के आसान बनावे खातिर स्पोटिफाई सोमवार के एगो नाया एआई फीचर देखवलस। हालांकि, फिलहाल इ फीचर सिर्फ प्रीमियम यूजर खाती टेस्टिंग मोड में उपलब्ध बा। एह फीचर के मदद से यूजर प्रॉम्प्ट के मदद से अपना पसंद के गाना के प्लेलिस्ट बना सकतारे।

ब्रिटेन आ ऑस्ट्रेलिया में एंड्रॉयड अउरी IOS फोन के इस्तेमाल करेवाला यूजर खातीर आवे वाला महीना में इ एआई फीचर सबसे पहिले शुरू हो जाई। यूजर के बस चैट में आपन पसंद लिखे के होई आ स्पोटिफाई उनका मूड आ गाना के पसंद के मुताबिक प्लेलिस्ट बनाई। स्पोटिफाई के कहनाम बा कि, इ नाया एआई फीचर यूजर के अलग-अलग प्रकार के प्लेलिस्ट बनावे में मदद क सकता। एह फीचर से यूजर के प्रॉम्प्ट के आधार प समान गाना के प्लेलिस्ट बनावल जाई।

 

Spotify प AI प्लेलिस्ट कइसे इस्तेमाल करी

1. सबसे पहिले अपना स्मार्टफोन प स्पोटिफाई ऐप खोलीं

2. एकरा बाद नीचे दाहिना कोना में "Your Library" विकल्प पर क्लिक करीं।

3. ओकरा बाद ऊपर दाहिना कोना में लउके वाला “ ” बटन प क्लिक करीं आ ओहिजा से “AI Playlist” चुनीं ।

4. जदी यूजर चाहत बा त उ स्पोटिफाई के सुझावल प्रॉम्प्ट भी चुन सकेला भा अपना पसंद के प्रॉम्प्ट लिख सकेला।

स्पोटिफाई आपके प्रॉम्प्ट के आधार प एगो प्लेलिस्ट बनाई। एह गीतन के सुन के आ जवन गीत रउरा पसंद ना आवे ओकरा के हटा के भी एह प्लेलिस्ट के बेहतर बना सकेनी। स्पोटिफाई के फीचर प भी आप फीडबैक दे सकतानी। जब रउरा "बनाईं" बटन दबाईं त ई नया प्लेलिस्ट रउरा लाइब्रेरी में सेव हो जाई । फिलहाल इ फीचर अभी भी टेस्टिंग मोड में बा।

Tags :
AIAI FEATURESBhojpuri khabarKhabar Bhojpuri Entertainment NewsKhabar Bhojpuri NewsMobileMusicMUSIC PLATFORMSNew FeaturesNEW TECHsongsSPOTIFYSPOTIFY MUSICtechnology
Advertisement
Next Article