टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

SP Candidates List: सपा के सातवां सूची भइल जारी, मुरादाबाद से एसटी हसन के नाम के एलान; बिजनौर में बदलल प्रत्याशी

06:02 AM Mar 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

समाजवादी पार्टी अतवार के आवे वाला लोकसभा चुनाव के  धेयान में राखत उम्मीदवारन के सातवां सूची जारी कs देलस। पार्टी अबकी बेर दु उम्मीदवारन के एलान कइले बिया। मुरादाबाद से एसटी हसन आ बिजनौर से दीपक सैनी के टिकट दिहल गइल बा। हालांकि, बिजनौर लोकसभा सीट पs पार्टी पहिले पूर्व सांसद यशवीर सिंह धोबी के टिकट देले रहे। इहां से उनकर टिकट काटके दीपक सैनी पs भरोसा जतावल गइल बा। एह तरे सपा अब तक 50 सीटन पs उम्मीदवारन के एलान कs चुकल बिया।

Advertisement

बिजनौर में बदलल प्रत्याशी

बिजनौर लोकसभा सीट पs सपा अपना टिकट में बदलाव कs लेले बिया। यशवीर सिंह धोबी के टिकट काटके नूरपुर सपा विधायक रामअवतार सैनी के बेटा दीपक सैनी के प्रत्याशी बनावल गइल बा। पिछला कइयन दिनन से एह सीट पs बदलाव के चर्चा चलत रहे। अब मुख्य बड़ पार्टी से देखल जाव तs रालोद से चंदन चौहान, बसपा से चौधरी विजेंद्र सिंह आ सपा से दीपक सैनी चुनावी रण में सामिल हो चुकल बा लो।

मुरादाबाद के टिकट खातिर भइल फाइट

मुरादाबाद लोकसभा से सपा के टिकट हासिल करे खातिर कांठ के विधायक कमाल अख्तर, देहात विधायक नासिर कुरैशी सहित आउर लोग बहुते जोर आजमाइश कइल। एह बीच सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राय मशविरा के बाद सीतापुर जेल में बंद पार्टी के वरिष्ठ नेता आजम खां से मिले गइलें। पार्टी के लोगन के कहनाम रहे कि आजम खां से मिलला के बाद रामपुर आ मुरादाबाद के टिकट पक्का हो जाई। अइसने भइल। सांसद डॉ. एसटी हसन लखनऊ इस्थित पार्टी मुख्यालय गइलें तs अखिलेश यादव कहलें कि उनकर टिकट पक्का हो गइल बा।

पहिला सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

दूसरका सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

तिसरका सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

चउथा सूची में एह लोगन के बनावल गइल  उम्मीदवार 

पांचवां सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

छठा सूची में एह लोगन के बनावल गइल  उम्मीदवार 

सातवां सूची

Tags :
Aajam KhanAkhilesh YadavBhojpuri NewsCandidat list ReleasedDeepak SainiLoksabha 2024 ElectionSamajwadi PartySP Candidate ListSP's seventh list releasedST HasanST Hassan named from Moradabad; Changed candidate in Bijnorup news
Advertisement
Next Article