टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

iPhone पऽ Spyware अटैक से हैकिंग के खतरा, Apple भारत समेत 92 देशन के भेजलस वॉर्निंग

05:02 PM Apr 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

एप्पल (Apple) कहले बा कि भारत समेत दुनिया के 92 देशन के यूजर्स Mercenary Spyware अटैक के खतरा में बाड़न। एप्पल ए खतरा के लेके बुधवार देर रात के नोटिफिकेशन जारी कइलस।

Advertisement

दिग्गज टेक कंपनी Apple भारत समेत दुनिया के 92 देशन के यूजर्स के एगो खास खतरा के लेके आगाह कइले बा।

एप्पल के कहना बा कि ओकर यूजर्स Mercenary Spyware अटैक के शिकार हो सकत बाड़े। सेलेक्टेड यूजर्स के टारगेट बना के ए स्पाइवेयर के इस्तेमाल कइल जा रहल बा। एप्पल ई चेतावनी कई विपक्षी नेता लो के द्वारा ई दावा कइला के महीना बाद जारी कइले बा, कि उनका लोग के "राज्य-प्रायोजित" हैकरन से उनका लोग के iphone तक पहुंचे के कोशिश करे के चेतावनी वाला मैसेज मिल रहल बा।

Apple भारत समेत 92 देशन के यूजर्स के देलस चेतावनी

अब दिग्गज टेक कंपनी एप्पल ने भारत समेत अपना 92 देशन के यूजर्स के Mercenary Spyware अलर्ट भेजले बा। नोटिफिकेशन में एप्पल के एगो बयान में पेगासस स्पाइवेयरो के जिक्र कइले बा। विपक्षी नेता लो के जासूसी के आरोपन के वजह से साल 2021 में राजनीतिक तूफान खड़ा हो गइल रहे

एप्पल अपना यूजर्स के भेजल गइल ईमेल में कहले बा कि - स्पाईवेयर अटैक आईफोन यूजर्स लो खातिर बड़ खतरा हो सकत बा। ई थ्रेड नोटिफिकेशन एप्पल के तरफ से 11 अप्रैल के रात के भेजे गइल बा। कंपनी  कहले बा कि ए स्पाइवेयर से राउर iphone हैक हो सकत बा। खासतौर पऽ। रऊआ के निशाना बना के ई हमला कइल जा सकत बा। राउर नाम आ राउर काम के वजह से रउआ के टारगेट कइल जा सकत बा।

Apple यूजर्स के सावधान रहे के चेतावनी

एप्पल अपना यूजर्स खातिर सावधान रहे के चेतावनी जारी कइले बा। कंपनी कहले बा कि स्पाइवेयर अटैक नियमित साइबर क्रमिनिनल एक्टिविटी कंज्यूमप मैलवेयर के तुलना में बहुत ज्यादा जटिल होला, काहेकि कम से कम Mercenary Spyware अटैकर खास लोगन आ उनकर डिवाइस के निशाना बनावे खातिर असाधारण संसाधनन के उपयोग करेला। ए तरे के अटैक में लाखों ड़लर के खर्च आवेला आ अक्सर अइसन लोग के शेल्फ लाइफ भी कम होला। एहिसे ए लोगन के पता लगावल आ रोकलो काफी मुश्किल काम बा। कंपनी इहो कहलस कि ज्यादातर एप्पल यूजर्स के कबो ए तरह के हमला के जरिए टारगेट नइखे कइल गइल।

Tags :
AppleApple Apple iPhone 15 Apple iPhone 15 Series iPhone 15 specificationsApple userAutomobile NewsiphoneMobileNew Technology
Advertisement
Next Article