For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Srikanth Box Office Day 18: 'श्रीकांत' के आगे ना चलल 'भैया जी' के 'दादागिरी', सोमार के पलट गइल पूरा काया

09:51 AM May 28, 2024 IST | Sonu Kishor
srikanth box office day 18   श्रीकांत  के आगे ना चलल  भैया जी  के  दादागिरी   सोमार के पलट गइल पूरा काया
Advertisement

Rajkumar Rao के फिल्म श्रीकांत (Srikanth) के सिनेमाघरन में रिलीज भइल लगभग 17 दिन पूरा हो चुकल बा। एतवार के जहां भैया जी (Bhaiyya ji) के वजह से श्रीकांत के बॉक्स ऑफिस में गिरावट आइल तऽ एक बार फेर से सोमार के बॉक्स ऑफिस पs कलेक्शन में काफी बदलाव देखे के मिलल। श्रीकांत के फिल्म मंडे के बाजी मरलस।

Advertisement

नेत्रहीन उद्योगपति श्रीकांत बोला के जीवन पs बनल फिल्म के सिनेमाघरन में रिलीज भइल तकरीबन 18 दिन पूरा हो चुकल बा। 10 मई के थिएटर में दस्तक देवे वाली ई बायोपिक में राजकुमार राव 'श्रीकांत' के किरदार अदा कइले बाड़े।

फिल्म में एक्टर जवना तरे के दमदार अभिनय देखवले बाड़े, ओकरबहर कोई सराहना कर रहल बा। 'भैया जी' के थिएटर में रिलीज होखे के बाद तऽ अइसन लागत रहे कि श्रीकांत के बॉक्स ऑफिस नइया जलदिए डूब जाई, बाकिर सोमार के एक बार फेर से पूरा उलट फेर देखे के मिलल। सोमार के भैया जी के पीछे छोड़ के श्रीकांत घरेलू बॉक्स ऑफिस पs शानदार बिजनेस कऽ लेलस।

श्रीकांत के आगे फेल भइले 'भैया' जी

भैया जी बीते वीकेंड सिनेमाघरों में रिलीज भइल बा। एह फिल्म के अइला के बाद 'श्रीकांत' के वीकेंड बिजनेस में काफी गिरावट देखे के मिलल बा। शनिचर आ एतवार के 4 करोड़ कमावे वाली श्रीकांत बीतल वीकेंड पs आधा कमाइए कइले रहे। हालांकि, अब सोमार के बॉक्स ऑफिस के तख्ता पलट गइल बा आ फिल्म 'श्रीकांत' 'भैया जी' के कमाई के मामला में पीछे छोड़ देलस।

सैकनलिक.कॉम की रिपोर्ट्स के अनुसार, श्रीकांत 18वां दिन घरेलू बॉक्स ऑफिस पs तकरीबन 85 लाख के बिजनेस कइलस, जबकि मनोज बाजपेयी (Manoj Bajpayee) के भैया जी महज 77 लाख के बिजनेस कइलस।

Tags :
Advertisement