टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Sunita Williams: सुनीता आ विल्मोर के बिना छव सितंबर के उतरी स्टारलाइनर, दु महीना से अंतरिक्ष में फंसल बाड़ी

11:04 AM Aug 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
सुनीता विलियम्स और बुच विल्मोर - फोटो : NASA
Advertisement

अंतरिक्ष में 12 हफ्ता बितवला के बाद बोइंग के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान अंतरराष्ट्रीय स्पेस स्टेशन (आईएसएस) से घर लवटला खातिर अब तइयार बा। अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा बतवलस कि स्टारलाइनर सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर के बिना छव सितंबर के अंतरिक्ष से धरती पs लवटी। अंतरिक्ष यान अमेरिका के स्थानीय समयानुसार छह सितंबर, सांझ छव बजे के आसपास परिक्रमा प्रयोगशाला से अलग हो जाई। छव घंटा हवा में रहत न्यू मेक्सिको के वॉइट सैंड्स स्पेस हार्बर में उतरी।

Advertisement

दुनो के सुरक्षित वापसी खातिर नासा घटवलस दुगो अंतरिक्ष यात्री

सुनीता विलियम्स और बुच विल्मोर - फोटो : NASAओने नासा दुनो के सुरक्षित वापसी खातिर आवे वाला स्पेसएक्स उड़ान से दुगो अंतरिक्ष यात्रियन के संख्या कम कs देले बा। अब नासा के निक हेग आ रूसी अलेक्जेंडर गोरबुनोव सितंबर में स्पेसएक्स रॉकेट से आईएसएस जाई लो। दुनो फरवरी 2025 में सुनीता आ विल्मोर के संगे वापस लवटी लो। नासा कहलस कि स्पेसएक्स से हटावल गइल अंतरिक्ष यात्री जेना कार्डमैन आ स्टेफनी विल्सन बा लो।

नासा के भारतीय मूल के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स अपना साथी बैरी विल्मोर के संगे दु महीना से जादे समय से अंतरिक्ष में फंसल बाड़ी। फिलहाल सुनीता विलियम्स आ बैरी विल्मोर अंतरराष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन (आईएसएस) पs मवजूद बा लो। बोइंग स्टारलाइनर में खराबी के कारण अभी तक ओह लोगन के वापसी नइखे हो पाइल। अंतरिक्ष यान बोइंग स्टारलाइनर 5 जून के सुनीता विलियम्स आ बैरी विल्मोर के लेके अंतरिक्ष में गइल रहे। स्टारलाइनर में हीलियम लीक आ थ्रस्टर में खराबी के कारण अंतरिक्ष यात्रियन के वापसी नइखे हो पाइल। अंतरिक्ष आ जमीन पs मवजूद इंजीनियर खराबी के ठीक करावे आ अंतरिक्ष यात्रियन के सुरक्षित वापसी खातिर कड़ा मेहनत कs रहल बा लो।

सुनीता विलियम्स आ बैरी विल्मोर के ई अंतरिक्ष यात्रा खाली आठ दिन के रहे, बाकिर स्टारलाइनर में खराबी के कारण अभी तक नासा ओह लोगन के वापसी के समय नइखे तय कs पाइल। ओह लोगन के वापसी के लेके अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा के चिंताएं बढ़ रहल बा।  अब एह बीच अंतरिक्ष यात्रियन के लेके बड़ खतरा के आशंका जतावल जा रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsStatrline Space CraftSunita WilliamsSunita Williams in Space
Advertisement
Next Article