For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

STET 2024 के परीक्षा स्थगति , सारण जिला के चार केंद्र पs होखे वाला रहे परीक्षा

01:02 PM May 22, 2024 IST | Raj Nandani
stet 2024 के परीक्षा स्थगति   सारण जिला के चार केंद्र पs होखे वाला रहे परीक्षा
Advertisement

सारण जिला के 4 परीक्षा केन्द्रों पs दिनांक 22 मई एवं 23 मई के आयोजित होखे वाला माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा (STET) - 2024 (प्रथम) अपरिहार्य कारणन से स्थगित कs देवल गइल बा।

Advertisement

लोकसभा चुनाव के मतदान के पांचवा चरण के दउरान सारण में भाजपा राजद के बीच हिंसात्मक गतिविधि भइल ओकरा बाद जिला प्रशासन तत्काल दु दिन ला जिला में इंटरनेट सेवा बंद कs देहल गइल बा।

बाकी परीक्षा स्थगित के कारण जिला प्रशासन अपरिहार्य कारण बतावत बिया ।

जिला प्रशासन अपना X हैंडल से काल दिनाक  21 may के राती तकरीबन 8 :12 pm पs परीक्षा के स्थगित होखे के घोषणा कइलस। हालाकि ई परीक्षा कब होई कइसे होई एकर तत्कालीन कवनो जानकारी नइखे आइल।

Tags :
Advertisement