IND vs AUS: स्टीव स्मिथ खतम कइले 25 पारियन आ डेढ़ साल के इंतजार, गाबा में गरजल बल्ला, जमवलें 33वां शतक
ऑस्ट्रेलिया के दिग्गज बल्लेबाज स्टीव स्मिथ लमहर समय से फॉर्म से जूझत रहलें। ऊ रन खातिर संघर्ष करत रहलें, बाकिर ब्रिस्बेन में भारत के खिलाफ खेलल जा रहल तीसरका टेस्ट मैच में स्टीव स्मिथ एकरा से निजात पवले बाड़ें आ सानदार शतक जमवलें बाड़ें। स्मिथ एही के संगे लमहर समय से चलल आ रहल शतकीय सूखा के को खत्म कइले बाड़ें। ई टेस्ट में स्मिथ के 33वां शतक हs।
स्मिथ 25 पारियन बाद टेस्ट में शतक जमवले बाड़ें। ऊ भारत के खिलाफ गाबा में शतक से पहिले इंग्लैंड के खिलाफ लॉर्ड्स में पिछला साल जून में शतक जमवले रहस। तब से स्मिथ टेस्ट में तकरीबन डेढ़ साल में 25 पारी खेलले शतक ना जमा पवलें। भारत के खिलाफ ऊ एह सूखा के खत्म कs देलें आ अपना फैंस के राहत के सांस देलें।
एह कृष्ण भजन के एक बेर जरुर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|
भारत के खिलाफ जब सीरीज सुरू भइल रहे तs लागल कि स्मिथ एह सीरीज में बहुत बड़ खतरा साबित होइहें, बाकिर पर्थ में खेलल गइल पहिला टेस्ट मैच में ऊ दुनो पारियन में फेल रहलें। पहिला पारी में ऊ खाता तक ना खोललें आ दूसरका पारी में 17 रन बनाके आउट हो गइलें। ओहिजा, एडिलेड में उनका पहिला पारी में बल्लेबाजी करे के मवका मिलल, जेमे ऊ दु रन बनवले थे। स्मिथ अपना रंग में ना लागत रहलें, बाकिर गाबा में स्मिथ पूरा खेल बदल देलें आ कमाल के बल्लेबाजी करत शतक जमवलें। ई स्मिथ के भारत के खिलाफ 10वां टेस्ट शतक हs। ऊ भारत के खिलाफ सबसे जादे टेस्ट शतक जमावे के ममिला में जो रूट के संगे पहिला नंबर पs आ गइल बाड़ें।
बुमराह के बनलें शिकार
हालांकि, शतक जमाने के बाद स्मिथ जादे देर विकेट पs टिक ना पवलें आउ आउट हो गइलें। उनका पारी के अंत किया जसप्रीत बुमराह कइलें। बुमराह के गेना स्मिथ के बल्ला के किनारा लेके स्लिप में गइल आ भारतीय कप्तान रोहित शर्मा उनकर कैच लपकलें। स्मिथ 190 गेना के सामना कs के 12 चौकन के मदद से 101 रन बनवलें। स्मिथ बहुते निराश होके पवेलियन लवटलें। ऊ लंबी पारी खेलने के मूड में थे। स्मिथ जब पवेलियन लौट रहे थे तब दर्शकों ने खड़े खोकर उनके लिए तालियां बजाईं।
इहो पढ़ीं: MMMUT: प्रवेश के नाम पs फर्जीवाड़ा: बीटेक में फरजी दाखिला… वरिष्ठ लिपिक पs केस