टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पहिला बेर 76 हजार के पार निकलल शेयर बाजार : सेंसेक्स 76,009 के ऑल टाइम हाई बनवलस, फार्मा शेयर्स में जादे तेजी

04:56 PM May 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

शेयर बाजार आज माने 27 मई के नया ऑल टाइम हाई बनवले बा। कारोबार के दौरान सेंसेक्स 76,009 के स्तर पs पहुंचल। ओहिजा, निफ्टी 23,108 के ऑल टाइम हाई बनवलस।

Advertisement

अभी सेंसेक्स में 500 अंक आ निफ्टी में 100 अंक से जादे के तेजी देखे के मिल रहल बा। एकरा पहिले सुक (24 मई) आ बियफे (23 मई) के शेयर बाजार ऑल टाइम हाई बनवले रहे।

आज फार्मा शेयर्स में जादे तेजी देखे के मिल रहल बा। डिविज लैब में करीब 5% आ टॉरेंट फार्मा में 5% से जादे के तेजी देखे के मिलत रहे। ओहिजा, ग्लेनमार्क में 4.5% से जादे के मिलल बा।

औफिस स्पेस सॉल्यूशंस लिमिटेड के IPO में निवेश के आखिरी मवका

औफिस स्पेस सॉल्यूशंस के इनिशियल पब्लिक ऑफर माने IPO के सब्सक्रिप्शन खातिर आज माने 27 मई के आखिरी मवका बा। ई इश्यू 22 मई के ओपन भइल बा।

एह IPO खातिर रिटेल निवेशक के मिनिमम एगो लॉट माने 39 शेयर खातिर अप्लाय करे के होई। कंपनी IPO के प्राइज बैंड ₹364-₹383 प्रति शेयर तय कइले बिया।

जदि रउआ IPO के अपर प्राइस बैंड ₹383 के हिसाब से 1 लॉट खातिर अप्लाय करत बानी तs रउआ ₹14,937 लगावे के होई। रिटेल निवेशक अधिकतम 13 लॉट माने 507 शेयर खातिर बिडिंग कs सकत बा लो, जवना खातिर ₹194,181 इन्वेस्ट करे के होई।

सुक के बाजार बनवले रहे ऑल टाइम हाई

एकरा पहिले पिछला हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन माने सुक (24 मई) के शेयर बाजार ऑल टाइम हाई पs पहुंच गइल रहे। सेंसेक्स 75,636 के हाई बनवले रहे। ओहिजा, निफ्टी 23,026 के हाई बनवले रहे।

हालांकि, बाजार ऊपरी स्तर से नीचे आके मामूली गिरावट के संगे बंद भइल रहे। सेंसेक्स सात अंक के गिरावट के संगे 75,410 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 10 के गिरावट रहल, ई 22,957 के स्तर पs बंद भइल रहे।

Tags :
All Time HighBhojpuri NewsBuisness NewsNiftySensexSHARE BazarShare MarketStock Market
Advertisement
Next Article