टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सेंसेक्स में 150 अंक से जादे के तेजी : 75,600 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा, निफ्टी में 50 अंक से जादे के बढ़त

12:07 PM May 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

शेयर बाजार में आज माने 28 मई के बढ़त देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 150 अंक से जादे के तेजी के संगे 75,600 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, निफ्टी में 50 अंक से जादे के तेजी बा। ई 23,000 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

Advertisement

एकरा पहिले बिहान माने 27 मई के शेयर बाजार ऑल टाइम हाई बनवले बा। सेंसेक्स 76,009 के हाई बनवले बा। ओहिजा, निफ्टी 23,110 के स्तर छुअलस। हालांकि, बाद में बाजार मामूली गिरावट के संगे बंद भइल बा।

रिजल्ट के बाद LIC के शेयर में गिरावट

LIC के शेयर में आज गिरावट देखे के मिल रहल बा। एकर शेयर 7.25 रुपए (0.70%) के गिरावट के संगे 1,028.80 रुपिया पs कारोबार कs रहल बा। एकरा पहिले बिहान माने 27 मई के LIC आपन तिमाही आ सालाना नतीजा जारी कइल गइल रहे।

वित्त वर्ष 2024 के चउथा तिमाही (जनवरी-मार्च) में कंपनी के मुनाफा सालाना आधार (YoY) पs 2.5% बढ़के 13,762 करोड़ रुपिया हो गइल बा। एक साल पहिले के समान तिमाही में कंपनी के स्टैंडअलोन नेट प्रॉफिट ₹13,427 करोड़ रहल रहे।

बिहान ऑल टाइम हाई बनाके गिरल रहे बाजार

एकरा पहिले बिहान माने 27 मई के शेयर बाजार ऑल टाइम हाई बनवले रहे। सेंसेक्स 76,009 के हाई बनवलस। ओहिजा, निफ्टी 23,110 के स्तर छुअल। हालांकि, आज बाजार ऊपरी स्तर से नीचे आके मामूली गिरावट के संगे बंद भइल। सेंसेक्स 19 अंक के गिरावट के संगे 75,390 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 24 अंक के गिरावट रहल, ई 22,932 के स्तर पs बंद भइल रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsBuisness NewsmarketNiftySensexSHARE Bazar
Advertisement
Next Article