टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

प्रयागराज में महाबोधि एक्सप्रेस पs बरसावल गइल पत्थर, कई गो यात्री के घायल होखे के खबर

08:59 AM Sep 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
महाबोधी एक्सप्रेस: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाबोधी एक्सप्रेस पs अज्ञात लोग के पत्थरबाजी के खबर आईल बा। खबर के मुताबिक घटना के समय महाबोधी एक्सप्रेस नई दिल्ली से बिहार के गया जात रहे। जइसहीं पत्थरबाजी भइल तs ट्रेन में दहशत मच गइल आ यात्री बोगी में इधर-उधर भागे लगले. बतावल जाता कि पथराव से बहुत यात्री भी घाही हो चुकल बाड़े। पत्थर चलावे के ई घटना सोमार के रात यमुना पुल के लगे भइल आ बोगी के निशाना बनावत कई गो पत्थर फेंकल गइल. खबर के मुताबिक आरपीएफ के जानकारी पs मिर्जापुर स्टेशन पs ट्रेन के रोक के घाही लोग के इलाज भइल आ अज्ञात लोग के खिलाफ मामला दर्ज करावल गईल।

बता दीं कि एहसे पहिले हालही में छत्तीसगढ़ के महासमुंद दुर्ग-विशाखापत्तनम वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के ‘ट्रायल रन’ के दौरान पत्थरबाजी के घटना भइल रहे. एकरा बाद रेलवे संरक्षण बल ट्रेन पs पथराव करे के आरोप में 5 लोग के गिरफ्तार कs लेलस।

 

 

Tags :
Mahabodhi ExpressPrayagrajStone PeltersStone PeltingStone pelting on Mahabodhi ExpressTrain
Advertisement
Next Article