टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में भइल बरखा, गरमी से मिलल राहत: आजुओ बरखा के पूर्वानुमान, दुपहरिया में बढ़ी ह्यूमिडिटी

11:03 AM Jun 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर में बुध के आधी रात के भइल बरखा आ आंधी के बाद अब भीषण गरमी के असर कम होत लउक रहल बा। कइयन दिनन के गरमी आ हीटवेव के बाद अब मौसम बदल गइल बा। देर रात भइल बरखा के बाद सबेरही से बादल छाइल रहल। मौसम विभाग के मानी, तs अभी मौसम अइसने रही। दुपहरिया में ह्यूमिडिटी बढ़ी।

Advertisement

मौसम विज्ञान विभाग के अनुसार- आज सुक के दिन के तापमान 35°C के आस पास दर्ज कइल जा सकत बा। न्यूनतम तापमान 26°C रही। मौसम विभाग तेज हवा के संगे बरखा के अलर्ट जारी कइले बा। एह दौरान 40-50 किलोमीटर के रफ्तार से हवा चली।

बिहान के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 28°C
दुपहरिया 2 बजे- 35°C
रात 8 बजे- 28°C
अधिकतम तापमान- 35°C

आज के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 29°C
दुपहरिया 2 बजे- 36°C
रात 8 बजे- 31°C
अधिकतम तापमान- 36°C

बहुत दिन बाद बाजार में लउकल भीड़

बरखा के बाद से सिटी के लोगन के गरमी से तनिका राहत मिलल तs बाजारन पs एकर असर देखे के मिलल। बियफे के शहर के प्रमुख बाजारन में भीड़ देखे के मिलल। जून के पहिला दिन से पड़ रहल भीषण गरमी में जहां कूलर आ एसी काम कइल बंद कs देले रहे, ओहिजा अभी पंखा में राहत मिल रहल बा। बरखा के बाद से तापमान में आठ डिग्री तक के गिरावट आइल बा आ असमान में बादल देखे के मिल रहल बा, जवना से लू के असर बहुते कम बा।

कबो घाम कबो बादल से बढ़ रहल बा उमस

नौतपा के सुरुआते से पड़ रहल भीषण गरमी से लोग परेसान बा। मौसम विभाग के मोताबिक आवे वाला दिनन में तापमान में गिरावट होखे के संभावना बा। एह दिनन दुपहरिया के समय खास कs के 12 से चार बजे तक सूरज के तपन चरम पs रहल। जवना से सड़कन पs सन्नाटा देखे के मिलत बा। बिहान से मौसम के मिजाज बदल गइल बा कबो घाम तs कबो बदल आ जा रहल बा। बादल अइला से से घाम तs कम भइल बा बाकिर ह्यूमिडिटी तनिका बढ़ गइल बा।

सात साल में सबसे जादे 2021 आ 2023 में बरखा भइल 

यूपी में सामान्य रुप से 829.8 MM बरखा होला। हाल के कुछ सन में प्रदेश में मानसून के बरखा के आंकड़न पs गौर कइल जाव तs 2023-24 में सामान्य के तुलना में 71% (589.3 MM) बरखा भइल रहे। 2022-23 में एह अवधि में प्रदेश में 62% (514.3 MM), 2021-22 में 87.5% (726 MM) आ 2020-21 में 77.2% (640.2 MM) बरखा भइल रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsCool Weathergorakhpur newsRain and StormRelief From HeatWeather Update
Advertisement
Next Article