टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गजब मामला: 500 रूपिया के नोट पऽ महात्मा गांधी के जगह अनुपम खेर के फोटो

10:50 AM Oct 01, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

कुछ लोग अहमदाबाद के एगो ज्वेलर से 2 किलो से अधिका सोना लगभग एक करोड़ 90 लाख रुपया में खरीदले। बाकिर जौहरी के गोड़ नीचे से जमीन फिसल गइल जब उ लोग देख के कि महात्मा गांधी के फोटो के जगह नोट प बॉलीवुड अभिनेता अनुपम खेर के फोटो छपल बा।

Advertisement

गुजरात के अहमदाबाद के सर्राफा बाजार में करोड़ों रुपया के धोखाधड़ी के अजीब मामला सोझा आइल बा। इहाँ कुछ बदमाश एक करोड़ 90 लाख रुपया के 2100 ग्राम सोना लेके भाग गइले। एह बदमाश जौहरी के दिहल पइसा नकली रहे, जवना पs बॉलीवुड अभिनेता अनुपम खेर के फोटो छपल रहे। इ नोट देख के जौहरी लोग चौंक गइले। एकरा बाद मामला के जानकारी पुलिस के दिहल गइल, पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी खातिर जांच शुरू कऽ देले बिया।

अहमदाबाद के सीजी रोड पs फर्जी आंगड़िया फर्म मामले में अभिनेता अनुपम खेर के फोटो मिलल बा। तीन लोग 500 रुपिया के 26 बंडल दे के 1.90 करोड़ रुपिया के 2100 ग्राम सोना लेके भाग गइले। क्राइम ब्रांच के टीम सीसीटीवी फुटेज के आधार पs एह तीनों लोग के पता लगावतिया। सीजी रोड इस्थित लक्ष्मी ज्वेलर्स के मैनेजर प्रशांत पटेल  सर्राफा व्यापारी मेहुल ठक्कर से पटेल कांतिलाल मदनलाल अंगदिया फर्म के 2100 ग्राम सोना देवे के कहले रहले।

मेहुल ठक्कर अपना कर्मचारी भरत जोशी के 2100 ग्राम सोना आंगड़िया फर्म में पहुंचावे खातिर भेजले। भरत जोशी जब उहाँ पहुंचले तऽ एगो आदमी के गिनती के मशीन दे दिहले। दूसरा आदमी भारत जोशी से सोना लेले अउरी तीसरा आदमी बतवलस कि जब तक गिनती मशीन में गिनती ना भइल तब तक बैग में 1.30 करोड़ रुपया रहे, बगल के ऑफिस से 30 लाख रुपया ले आवे के रहे।

भारत जोशी के नजर से दूर रखल सोना लेके उहाँ से तीनों लोग भाग गइले। जब कर्मचारी बैग से 500 रुपया के गठरी निकललस तऽ देखलस कि 500 रुपया के सभ नोट पs अनुपम खेर के फोटो छपल बा। एह फर्जी नोटन पs भारतीय रिजर्व बैंक के जगह भारतीय रेसोल बैंक लिखल गइल बा। पुलिस अब आरोपी के तलाश में जुटल बिया।

 

Tags :
Ahmedabad NewsAhmedabad policeBhojpuri crime newsfive hundred rupeesGujrat news bhojpuri
Advertisement
Next Article