टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Stree 2: ' उऽ स्त्री हियऽ कुछवो कर सकऽ तिया', स्त्री 2 के रिलीज डेट में बदलाव, अब एह दिन सिनमाघर में दीही दस्तक

02:44 PM Aug 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Stree 2: अभिनेत्री श्रद्धा कपूर आ राजकुमार राव के हॉरर-कॉमेडी फिल्म ‘स्त्री’ दर्शकन के खूब मनोरंजन कइलस। अब दर्शक एकर सीक्वल ‘स्त्री 2’ के बेसब्री से इंतजार कर रहल बाड़े। एहसे पहिले ‘स्त्री 2’ 15 अगस्त के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला रहे। बाकिर अब एह फिलिम के रिलीज डेट बदल दिहल गइल बा। अब ई फिलिम रिलीज डेट से एक दिन पहिले सिनेमाघरन में रिलीज हो जाई। एकरा संगे-संगे फिल्म के अग्रिम बुकिंगो आज से शुरू हो गइल बा।

Advertisement

मैडॉक फिल्म्स सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कऽ के फिल्म के रिलीज डेट में बदलाव के जानकारी देलस। उऽ फिल्म के पोस्टर शेयर करत लिखले कि स्त्री अब अपना समय से पहिले आवत बिया।  अब ‘स्त्री 2’ 14 अगस्त के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा। निर्माता लिखले कि, स्त्री 2 के एडवांस बुकिंग अब शुरू हो गइल बा।' उऽ स्त्री हियऽ , उऽ कुछुओ कर सकऽ तिया' एही से ऊ एक रात जल्दी आवत बिया, बस रउरा खातिर। त आपन टिकट बुक कर लीं।

उ आगे लिखले कि, ' लीजेंड 14 अगस्त के आज स्वतंत्रता दिवस के सांझ के रात 9:30 बजे शो के संगे वापस आ रहल बा।' दर्शक एह हॉरर-कॉमेडी फिल्म के बेसब्री से इंतजार करत बाड़े। अइसना में अब ई फिलिम रिलीज होखे से एक दिन पहिले रिलीज हो रहल बा जवन दर्शकन खातिर एगो बड़हन तोहफा से कम नइखे।

‘स्त्री 2’ में श्रद्धा कपूर, राजकुमार राव, पंकज त्रिपाठी, अभिषेक बनर्जी आ अपरशक्ति खुराना के अहम भूमिका में नजर अइहें। वरुण धवन एह फिलिम में ‘भेड़िया’ के रूप में कैमियो कइले बाड़न जवना के झलक काल्हु रिलीज भइल ‘खुबसूरत’ गाना में भी देखल गइल

अमर कौशिक के निर्देशन में बनल ‘स्त्री 2’ के ट्रेलर आ गीत दर्शकन के बहुते नीक लागल बा। अइसना में दर्शक फिल्म देखे खातिर बहुते बेचैन हो जालें। एकर निर्माता जियो स्टूडियो आ दिनेश विजन बाड़ें। फिल्म के पहिला भाग साल 2018 में रिलीज भइल रहे। फिल्म बॉक्स ऑफिस पर बढ़िया बिजनेस कइलस। ई फिलिम हिट भइल।

Tags :
Bollywood newsEntertainmentPankaj tripathiShradha KapoorStree 2
Advertisement
Next Article