भारत के पड़ोसी मुल्क में भूकंप के तेज झटका, 6.2 के रहल तीव्रता, लोगन में दहशत
भारत के पड़ोसी देश श्रीलंका में एगो तेज भूकंप आईल बा। फिलहाल भूकंप के चलते जान-माल के नुकसान के कवनो खबर नईखे। हालांकि भूकंप के चलते लोग में दहशत फैल गईल अवुरी लोग अपना घर अवुरी ऑफिस से बाहर निकल गईले। रिक्टर पैमाना पs एकर तीव्रता 6.2 रहे जवन कि काफी जादा बा।
Earthquake of Magnitude:6.2, Occurred on 14-11-2023, 12:31:10 IST, Lat: -2.96 & Long: 86.54, Depth: 10 Km ,Location: 1326km SE of Colombo, Sri Lanka for more information Download the BhooKamp App https://t.co/4djY2ype7T@KirenRijiju @Dr_Mishra1966 @ndmaindia @Indiametdept pic.twitter.com/yqXchM4hZN
— National Center for Seismology (@NCS_Earthquake) November 14, 2023
श्रीलंका में भूकंप के झटका : श्रीलंका में भूकंप से तेज भूकंप महसूस कइल गइल। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.2 नापल गइल बा। रात के 12:31 बजे आईल भूकंप। एकर केंद्र जमीन से कोलंबो से 10 किलोमीटर दक्खिन-पूरुब में रहे। हालांकि फिलहाल कवनो प्रकार के जानमाल के नुकसान चाहे कवनो बड़ नुकसान के खबर नईखे। एकरा बावजूद भूकंप के चलते जनता में दहशत फैल गईल। लोग घबराहट में घर आ ऑफिस से बाहर निकलल। श्रीलंका के भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण आ खान ब्यूरो के कहना बा कि एह भूकंप से कवनो खतरा नइखे। हालांकि श्रीलंका के अधिकारी फिलहाल भूकंपीय गतिविधि के असर के आकलन करतारे।