टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यंग इंडिया रेफ्रेंडम में छात्र लोग लिहल हिस्सा : जनमत संग्रह खातिर वोटिंग, आइसा कहलस- केंद्र सरकार के नीतियन के खिलाफ संघर्ष जारी रही

09:50 PM Feb 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

आइसा के ओर से यंग इंडिया कैंपेन चलावल जा रहल बा। एमे मोदी सरकार के 10 बरिस के कार्यकाल के लेके 10 सवाल पूछल गइल बा। कैंपेन के दौराने जनमत संग्रह खातिर छात्रन के बीच वोटिंग करावल जा रहल बा। एह कड़ी में पटना विश्वविद्यालय में कुल 1741 छात्र मतदान में हिस्सा लिहल लो।

Advertisement

आइसा के ओर से जारी कइल गइल मतगणना रिपोर्ट के मोताबिक 1383 छात्र मोदी सरकार के नीतियन के खिलाफ मतदान कइले बा लो। छात्र नेता नीरज यादव कहलें कि जादेतर छात्र फीस बढ़ला से नाखुश बा लो। केंद्र सरकार ओह लोगन खतिर रोजगार के समुचित अवसर उपलब्ध नइखे करावत। एह मतगणना के आधार पs मोदी सरकार के खिलाफ छात्र संगठन आइसा संघर्ष करी।

ओहिजा, प्रदेश अध्यक्ष प्रीति बतवली कि आइसा के ई राष्ट्रीय अभियान रहे। हमनी छात्रन के बीच पटना सहित बिहार के लगभग सब यूनिवर्सिटी में गइनी सs। जहां अधिकतर छात्र केंद्र सरकार के नीतियन से परेसान होके विरोध में मतदान कइले बा लो। अब एही आधार पs हमनी के आगहूं संघर्ष जारी रही।

Tags :
AAISABhojpuri Newsbihar newsYoung India Refendram
Advertisement
Next Article