For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हार्ट अटैक से 'स्टंट मास्टर' के मउत, 900 से जादा फिल्मन में धांसू स्टंट खातीर रहले मशहूर

04:18 PM Dec 27, 2023 IST | Minee Upadhyay
हार्ट अटैक से  स्टंट मास्टर  के मउत  900 से जादा फिल्मन में धांसू स्टंट खातीर रहले मशहूर
Advertisement

Advertisement

साल 2023 में कई सितारा एह दुनिया के अलविदा कs दिहले। अलग-अलग कारण से लोग आपन जान गंवा देले। एही बीच एगो अवुरी दुखद खबर सोझा आईल बा। फिल्म जगत के दिग्गज स्टंट मास्टर जॉली बस्टियन के मंगल के रात बेंगलुरु में अपना आवास पs निधन हो गइल। उनुका मउत के कारण भी हार्ट अटैक बतावल जाता। बतावल जाता कि स्टंट मास्टर के हार्ट अटैक के चलते घर में मउत हो गईल। उनकर उमिर 57 साल रहे। जॉली 900 से अधिका कन्नड़, तमिल, तेलुगु आ मलयालम फिलिमन में काम कइले रहले आ एह काम से आपन पहचान बनवले रहले।

स्टंट मैन के अईसे बनले

दक्षिणी फिल्म इंडस्ट्री के दिग्गज उनुका निधन पs शोक जतवले बाड़े। केरल के अलेप्पी में जनमल जॉली बास्टियन के परवरिश बेंगलुरु में भइल रहे। उनकर फिल्मी कैरियर के शुरुआत कन्नड़ फिल्म इंडस्ट्री से भइल। बाइक पs स्टंट करत घरी जॉली बस्टियन के मशहूर फिल्म निर्माता आ हीरो वी. रविचंद्रन देखले आ उनुका प्रतिभा से प्रभावित भइले। एकरा बाद ही उ जॉली के काम खातीर ऑफर कईले, जवना के बाद उ स्टंट डबल के काम शुरू कईले। रविचंद्रन के अधिकतर फिलिमन में स्टंट मास्टर के काम कइलन।

Tags :
Advertisement