For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Brazil: ब्राजील के शीर्ष अदालत के बाहर आत्मघाती हमला, सुप्रीम कोर्ट में घुसला के कोसिस के दौरान फाटल बम

10:49 AM Nov 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
brazil  ब्राजील के शीर्ष अदालत के बाहर आत्मघाती हमला  सुप्रीम कोर्ट में घुसला के कोसिस के दौरान फाटल बम
Advertisement

बुध के ब्राजील के सुप्रीम कोर्ट में घुसे के कोसिस के दौरान एगो व्यक्ति खुद के बम से उड़ा लेलस। गौर करे वाला बात बा कि ई हमला अइसन समय में भइल बा, जब ब्राजील में जी20 सम्मेलन के तइयारी अंतिम चरण में चल रहल बा। जेमे दुनिया के 20 प्रमुख अर्थव्यवस्था वाला देसन के नेता शिरकत करी लो। चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंगो जल्दिये ब्राजील के राजकीय यात्रा पs जाये वाला बाड़ें।

Advertisement

सुप्रीम कोर्ट के इमारत के बनावल चाहत रहे निशाना

घटना बुध के सांझ के हs, जब कोर्ट के इमारत के लगे इस्थित पार्किंग में एगो विस्फोट भइल। एकरा कुछ सेकेंड बादे सुप्रीम कोर्ट के सोझा दूसरका विस्फोट भइल। जांच के दौरान मवका से मानव शव बरामद भइल। विस्फोट ब्राजील के संघीय सरकार के तीन शाखा के प्रमुख इमारतन के जोड़े वाला ब्रासीलिया के एगो प्रतिष्ठित चौराहा 'प्लाजा ऑफ़ द थ्री पॉवर्स' के आसपास भइल। मानल जा रहल बा कि संदिग्ध आरोपी सुप्रीम कोर्ट के इमारत के नुकसान पहुंचावल चाहत रहे। पुलिस विस्फोटन के जांच खातिर ब्राजील के राजधानी के बीच इस्थित चौराहा पs विस्फोटकन के जांच करे वाला रोबोट के संगे एगो बम निरोधक दस्ता के तैनात कइले बा आ घटना के जांच कs रहल बा।

मृतक के अभी ले नइखे भइल पहचान

न्यायालय एगो बयान में कहलस कि जब विस्फोट भइल, तब सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश आपन पूर्ण सत्र समाप्त कइले रहस आ उनका के तुरंत सुरक्षित रूप से बाहर निकाल लिहल गइल। संघीय जिला के उप-गवर्नर सेलिना लियो बतवलें कि सुरुआती जांच से पता चलत बा कि व्यक्ति सुप्रीम कोर्ट में घुसे के कोसिस करे के दौरान खुद के विस्फोटकन से उड़ा लेलस। ऊ कहलें कि ओकरा लगे एगो कार रहे, जेमे एगो आ विस्फोट भइल। लियो कहलें कि उनका उम्मीद बा कि ई कवनो' अकेला हमलावर' के काम रहे। अभी ले मृतक के पहचान नइखे भइल।

Tags :
Advertisement