टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बदल गइल सुल्तानगंज के नांव, नगर परिषद के बइठक में प्रस्ताव पारित, ई होई नया नांव

10:31 AM Jun 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

नगर परिषद के सभागार में बुध के सभापति राजकुमार गुड्डू के अध्यक्षता में भइल नगर परिषद के सामान्य बोर्ड के बैठक में सुल्तानगंज के नांव बदल के अजगैवीनाथ धाम करे के प्रस्ताव के स्वीकृति प्रदान कइला के साथे कई गो अहम फैसला लिहल गइल। शहर के नांव अजगैवीनाथ धाम करे के प्रस्ताव नगर परिषद के सभागार में उपस्थित वार्ड पार्षद के बहुमत से पारित भइल।

Advertisement

नगर परिषद के सभागार में बुध के सभापति राजकुमार गुड्डू के अध्यक्षता में भइल नगर परिषद के सामान्य बोर्ड के बइठक में सुल्तानगंज के नांव बदल के अजगैवीनाथ धाम करे जाए  के प्रस्ताव के स्वीकृति प्रदान के के साथे कई गो अहम फैसला लिहल गइल।

ओमें अजगैवीनाथ धाम के अनुमंडल के दर्जा देवे के, अगिला महीना से शुरू हो रहल श्रावणी मेला में कांवरियन के सब तरे के सुविधा उपलब्ध करावे, भीषण गर्मी के देखत जल नल योजना से जुड़ल खामियन के अविलंब दूर करे आदि से संबंधित फैसलो लिहल गइल।

बइठक में कई गो अधिकारी नेता रहले मौजूद

एह बइठक में क्षेत्रीय विधायक प्रो. ललित नारायण मंडल, कार्यपालक पदाधिकारी मृत्युंजय कुमार, उपसभापति नीलम देवी उपस्थित रहली। सर्वप्रथम गत बइठक के संपुष्टि करत घरी पार्षद के ओर से चयनित योजना से संबंधित आवेदनन के स्वीकृति दिहल गइल। सामान्य बोर्ड के बइठक में क्षेत्र के विकास के लेके महत्वपूर्ण बिन्दुअन पs विचार-विमर्श भइल।

शहर के नांव अजगैवीनाथ धाम करे जाए के प्रस्ताव पारित

बुध के नगर परिषद के सभागार में आयोजित सामान्य बोर्ड के बइठक में उपस्थित वार्ड पार्षद के बहुमत से सुल्तानगंज के नांव अजगैवीनाथ धाम होखे के प्रस्ताव पारित कइल गइल। हालांकि, बइठक में उपसभापति नीलम देवी मौन रहली। सब लोग एकरा के पूर्व सशक्त समिति के बइठक में सुल्तानगंज के नांव अजगैवीनाथ धाम पारित होखे पs खुशी जाहिर कइलस।

28 में से मात्र तीन पार्षदों ने जताई आपत्ति

नगर परिषद के सामान्य बोर्ड के बइठक में सुल्तानगंज के नांव अजगैवीनाथ धाम के प्रस्ताव पारित होखे पs नगर परिषद क्षेत्र के वार्ड संख्या 18 के पार्षद रामानंद पासवान, वार्ड संख्या 11 के पार्षद मोहम्मद इजराइल पप्पू आ वार्ड संख्या 12 के पार्षद बीबी गुलशन आरा आपत्ति जतवली। वार्ड पार्षद रामानंद पासवान बतवले कि सुल्तानगंज के पुरानका नांव हिरणपुरी हऽ आ ई बौद्ध विहार हऽ।

कुछ लोग हिरणपुरी के नांव के राखत रहे प्रस्ताव

उनकर कहनाम रहे कि एहसे एकर नाम हिरणपुरी होखे के चाहीं। आपत्ति के बादजूद बइठक में मौजूद पार्षदों प्रचंड बहुमत से एह प्रस्ताव के पारित कऽ देले। अनुमंडल बनावे के प्रस्ताव के हरिहर झंडी। नगर सभापति बतवले कि नगर परिषद के सामान्य बोर्ड के बइठक में सदन के ओर से सर्वसम्मति से एकरा के अनुमंडल बनावे के प्रस्ताव ध्वनिमत से पारित कइल गइल। एह संबंध में सरकार के पत्र भेजे के स्वीकृति प्रदान कइल गइल। ई चिर लंबित मामला बा।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsBihar News in bhojapuriKhabar bhojpuriSultan GanjSultan ganj bihar
Advertisement
Next Article