For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: सुल्तानपुर के सांसद रामभुआल के अग्रिम जमानत याचिका खारिज, जानीं का रहे मामला

11:39 AM Oct 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
gorakhpur news  सुल्तानपुर के सांसद रामभुआल के अग्रिम जमानत याचिका खारिज  जानीं का रहे मामला
Advertisement

गोरखपुर। हत्या के प्रयास ममिला में अपर सत्र न्यायाधीश गोविंद मोहन बड़हलगंज थाना क्षेत्र के दवनाडीह निवासी सुल्तानपुर के सांसद रामभुआल निषाद के अग्रिम जमानत अर्जी खारिज कs देले बाड़ें। बेलीपार के भौवापार निवासी रंजीत उर्फ पप्पू निषाद सात मई 2012 के दिन में 11 बजे अपना गाड़ी से दीवानी कचहरी आइल रहस।

Advertisement

आरोप बा कि कचहरी से वापस कुनराघाट जात रहस। दुपहरिया करीब 1:25 बजे ऊ छात्रसंघ चौराहा पs पहुंचलें तs आरोपी रामभुआल निषाद आउर साथियन के संगे दुगो बाइक से अइलें आ जान मारे के नियत से पिस्टल से फायर करे लगलें। ऊ गाड़ी से कूदके जान बचावे खातिर पास के विशाल मेगा मार्ट में छिप गइलें। एह दौरान पीड़ित के वाहन चालक सुरेश पासवान के पेट में गोली लागल। दुकानदार के बेटा रवि पासवान के कान्ह में गोली लागल।

Tags :
Advertisement