टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

झांसी छपरा के बीच समर स्पेशल साप्ताहिक ट्रेन चले जा रहल बिया, जानी कहाँ- कहाँ रुकी

11:50 AM Apr 26, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

रेलवे 24 अप्रैल से 26 जून तक हर बुधवार के 01925 वीरंगाना लक्ष्मीबाई झांसी-छपरा आ 25 अप्रैल से 27 जून तक हर गुरुवार के ट्रेन नंबर 01926 छपरा-वीरंगाना लक्ष्मीबाई झांसी के संचालन करी। ई गर्मी के खास साप्ताहिक ट्रेन ह।

Advertisement

गर्मी के मौसम में रेल यात्री के बढ़त भीड़ के देखत रेल विभाग वीरंगाना लक्ष्मीबाई झांसी आ छपरा स्टेशन के बीच गर्मी के विशेष साप्ताहिक ट्रेन चलावे जा रहल बिया। इ ट्रेन हर बुधवार के झांसी से आ हर गुरुवार के छपरा से चली।

झांसी से 24 अप्रैल से 26 जून तक हर बुधवार के ट्रेन नंबर 01925 वीरंगाना लक्ष्मीबाई झांसी-छपरा चलावल जाई। एही तरे छपरा से 25 अप्रैल से 27 जून तक हर गुरुवार के छपरा-वीरंगना लक्ष्मीबाई झांसी नंबर 01926 ट्रेन चलावल जाई।

झांसी से रवाना होखला के बाद इ ट्रेन मोठ, एट, उरई, कालपी, पुखराया, कानपुर सेंट्रल, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, बुढ़वल, कर्नलगंज, गोंडा, मनकापुर, बस्ती, गोरखपुर, देवरिया सदर, भटनी, सिवान आ छपरा में रुक जाई । छपरा से झांसी के ओर आवे के समय इ विशेष ट्रेन भी ए स्टेशन प रुकी।

उत्तर मध्य रेलवे के झांसी संभाग के अधिकारी के मुताबिक एसएलआर के 1 कोच, एसएलआर/डी के 1, साधारण के 3, स्लीपर के 5, एसी सेकेंड क्लास के 1, एसी थर्ड क्लास के 7 आ इकोनॉमी क्लास के 4 में लगावल गइल बा। एकरा से पहिले रेलवे 21 अप्रैल से 30 जून ले हर अतवार आ बुध का दिने ग्वालियर से 04137 ग्वालियर-बरौनी स्पेशल नंबर के ट्रेन चलावल शुरू कर दिहले बा । 22 अप्रैल से 01 जुलाई ले हर सोमार आ गुरुवार के बरौनी से 04138 बरौनी-ग्वालियर स्पेशल के ट्रेन नंबर चलावल जा रहल बा।

Tags :
Bhartiya railwayBhojpuri khabarchhapra jhansi special trainChhapra Newsindian railwaysKhabar Bhojpuri NewsKhabariya Railway StationSummer special trainWeekly trainबड़ी khabar
Advertisement
Next Article