अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के 'भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज
खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।
आजू पढ़ी कि भारतीय सिनेमा के इतिहास में सुनील दत्त के फिलिम कवन रहे जवन वन-एक्टर फिलिम रहे आ जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में नाव दर्ज भइल रहे.
भारतीय सिनेमा के इतिहास काफी लमहर बा। सिनेमा के एह इतिहास के सुनहरा बनावे में भी बहुत लोग के खास योगदान रहल बा। एह खास लोगन मे से रहलें 'सुनील दत्त.' हिन्दी फिलिम इंडस्ट्री में सभे दिवंगत अभिनेता सुनील दत्त के काम के प्रशंसक रहल बाकिर का रउरा मालूम बा कि ऊ निर्देशन में आपन सुरुआत अपना फिलिम ‘यादें’ से कइले रहले. हिंदी सिनेमा के फिलिम निर्माता आ अभिनेता, सुनील दत्त आपन क्लासिक फिल्म ‘मदर इंडिया’ से मशहूर भइले. एह फिलिम में नकारात्मक भूमिका निभवला के बादो ऊ अपना के एगो बेहतरीन अभिनेता के रूप में स्थापित कइले. अभिनय के साथे-साथे निर्देशन में भी आपन हाथ आजमावे के कोशिश कईले अउरी बहुत कम लोग के पता होई कि जवना फिलिम से उ निर्देशक के रूप में शुरुआत कईले रहले, ओकरा के ‘गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड्स’ में शामिल कईल गईल बा।
इs फिलिम वन-एक्टर फिलिम रहे
‘यादें’ साल 1964 में आइल रहे जवन सुनील दत्त बनवले रहले. एह फिलिम के गिनीज रिकार्ड ‘कथात्मक फिल्म में सबसे कम कलाकार’ श्रेणी में रहल बाकिर एह बारे में बहुते कम लोग जानत बा. फिल्मफेयर अवार्ड के दौरान संजय दत्त खुद खुलासा कईले रहले कि उs अपना पिता के पीछे चलेले, जवना के चलते उs आज एइजा पहुंचल बाड़े। खास बात ई रहे कि सुनील दत्त ब्लैक एंड व्हाइट फिलिम ‘यादें’ के निर्देशन आ निर्माण भी कइले रहले. एह फिल्म में नरगिस दत्त के फोटो देखत सुनील दत्त अभिनय कइले बाड़े.
एह फिलिम में एके गो अभिनेता रहले आ ऊ रहले सुनील दत्त साहब. अक्सरहा जब भी कवनो फिल्म के कहानी लिखल जाला तs ओहमें बहुते कलाकारन के कास्ट कइल जाला. आजकल जब मल्टी स्टारर फिलिमन के दौर चलत बा तs 60 के दशक में सुनील दत्त फिलिम ‘यादें’ के माध्यम से अतना बढ़िया प्रयोग कइले कि एह फिलिम के राष्ट्रीय मंच पs ना खाली सम्मान मिलल, बलुक विश्व रिकार्ड मेें सामिल भइल .
सुनील दत्त के एह हिंदी फिलिम में दू गो गीत रहे
मल्टी स्टारर फिलिमन के दौर में आजुओ एह फिलिम के कहानी के लोग ना भुला पवले. एह पूरा फिलिम में खाली दू गो गाना रहे जवना के लता मंगेशकर गवले रहली. फिलिम के संवाद आ संगीत वसंत देसाई लिखले बाड़न.
'गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड' काहे बनावल गइल?
एह फिलिम के कास्टिंग के बात कइल जाव तs एहमें खाली सुनील दत्त रहले. उनुका अलावे उनुकर पत्नी नरगिस दत्त भी एs फिलिम में रहली। बाकिर उनकर परछाई फिल्म के अंत में लउकेला. एह मायने में 113 मिनट के ई फिलिम अकेला अइसन फिलिम रहे जवना में एके गो अभिनेता रहले. इहे कारन रहे कि करीब 60 साल पहिले एs फिलिम के नाव गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड में दर्ज भईल रहे। सुनील दत्त के बात करीं तs अभिनेता अब एह दुनिया में नइखन. उनकर बेटा संजय दत्त फिलिम इंडस्ट्री के बड़का स्टार हउवें आ उनकर लोकप्रियता दुनिया भर में बा.