For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Sunil Dutt Death Anniversary: कबो कंडक्टर के नौकरी करत रहले सुनील दत्त, ई दू गो कारन से जीवन से हार गइलें

08:30 AM May 25, 2024 IST | Sonu Kishor
sunil dutt death anniversary  कबो कंडक्टर के नौकरी करत रहले सुनील दत्त  ई दू गो कारन से जीवन से हार गइलें
Advertisement

Sunil Dutt Death Anniversary: सुनील दत्त, सिनेमा इंडस्ट्री के उऽ नांव , जवन शराफत आ समाज सेवा खातिर पहचानल जास। अपना फिल्म में डाकू मे किरदार निभावे से लेके सामाजिक मुद्दन पऽ काम करे वाला वाले सुनील दत्त के आज 19वां पुण्यतिथि हऽ। दरअसल, सुनील दत्त के जन्म 6 जून 1929 के झेलम, पाकिस्तान में हुआ भइल रहे। इनकर असली नांव बलराज दत्त रहे।

Advertisement

सुनील दत्त के पाकिस्तान से का कनेक्शन रहे ?

सुनील दत्त से अक्सर लोग उनका पाकिस्तान से ताल्लुक राखे के लेके सवाल करत रहे। हालांकि, एकर जवाब बा कि सुनील खातिर पाकिस्तान उनकर बचपन हऽ। दरअसल, सुनील दत्त के पिता दीवान दत्त के मृत्यु के बाद उऽ अपना माई कुलवंत देवी के साथे पाकिस्तान में रहत रहले। वो घरी उनकर उमिर महज 5 साल के रहे। जब उऽ 18 बरिस के भइले तब सुनील अपना दोस्त के मदद से बंटवारा के दौरान भारत लौट अइलें।

कबो बस कंडक्टर तऽ कबो रेडियो जॉकी

मुन्ना भाई एमबीबीएस आ मदर इंडिया जइसन सुपरहिट फिल्म देवे वाला वाला सुनील दत्त अपना जीवन में काफी नांव आ शौहरत कमइलें। बाकिर एगो दौर उहो रहे जब उनका लगे खाए तले के ना रहे। जब सुनील अपना विद्यार्थी जीवन में रहले, तऽ अपना जरूरी खर्चा के निवारण खातिर उऽ बस कंडक्टर के नौकरी कइलें। एकरा बाद उऽ आपन ग्रेजुएशन पूरा कऽ के रेडियो सेयलॉन में हिंदी के सबसे पसंदीदा अनाउंसर के पद पs काम कइल शुरू कइले। ई नौकरी उनका के एक्टिंग करियर के एगो मोड़ देलस। सुनील दत्त साल 1955 में रेलवे प्लेटफॉर्म नांव के पहिलका फिल्म में आपन एक्टिंग डेब्यू कइलें।

एक्टर के साथे-साथे कैबिनेट मंत्री रह चुकल बाड़े सुनील दत्त

सुनील दत्त फिल्म में हाथ आजमावे के साथे-साथे राजनीतियो में कदम रखले रहलें। खास बात तऽ ई रहल कि दुनु क्षेत्रन में उऽ सफल रहलें। उऽ साल 1984 में कांग्रेस पार्टी के टिकट पs लगातार 5 बेर मुंबई लोकसभा सीट से चुनाव जीतले आ सांसद बनले। बता दी कि पूर्व मुख्यमंत्री मनमोहन सिंह के सरकार में कैबिनेट मंत्री रह चुकल बाड़े।

नर्गिस के बचावे खातिर आग में कूदले सुनील दत्त

सुनील दत्त आ नर्गिस के मदर इंडिया के शूटिंग के दौरान एक दुसरा के करीब आइल रहलें। एक बार के बात बा जब सेट पs आग लाग गइल रहे आ नर्गिस के बचावे खातिर सुनील आग में खुद गइल रहलें। एकरा बाद नर्गिस उनकर बहुत ख्याल रखली।

ओकरा बाद सुनील दत्त 11 मार्च 1958 के मदर इंडिया के शूटिंग खत्म होखला के बाद नर्गिस से गुप्त तरीका से बियाह कइले रहलें। हालांकि, उऽ रिसेप्शन काफी शानदार देले रहलें। नरगिस आ सुनील दत्त के तीन गो बच्चा, संजय दत्त, प्रिया दत्त आ नम्रता दत्त।

सुनील दत्त के एह पुरस्कारन से नवाजल गइल

सुनील दत्त फिल्मफेयर बेस्ट एक्टर अवार्ड, पद्म श्री, बंबई शेरिफ, राजीव गांधीराष्ट्रीय सद्भावना सम्मान, दादा साहेब फाल्के समेत ढेर अवॉर्ड्स से नवाजल गइल रहलें।

सुनील दत्त के मौत कब आ कइसे भइल ?

सुनील दत्त के मृत्यु 25 मई 2005 में हार्ट अटैक के चलते मुंबई के बांद्रा में 75 साल के उमिर में भइल। हालांकि, एह विख्यात एक्टर के गइला करीब 19 साल हो गइल बा बाकिर समाज आ फिल्म इंडस्ट्री के इनका योगदान को अबले ना कोई भुला सकल बा आ नाहीं कबो भुला पाई।

Tags :
Advertisement