For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सुनीता विलियम्स अंतरिक्ष स्टेशन में फंस गइली,, बोइंग के कैप्सूल से धोखा, एलान मस्क नासा के मसीहा बन जइहे!

11:24 AM Jun 25, 2024 IST | Raj Nandani
सुनीता विलियम्स अंतरिक्ष स्टेशन में फंस गइली   बोइंग के कैप्सूल से धोखा  एलान मस्क नासा के मसीहा बन जइहे
Advertisement

सुनीता विलियम्स अमेरिकी अंतरिक्ष यात्री बुच विलमोर के संगे बोइंग के स्टारलाइनर स्पेस कैप्सूल पs सवार होके नासा के इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन गइली। हालांकि अब ओह गाड़ी में कवनो खराबी हो गइल बा जवना से एह दुनु के सुरक्षा पर चिंता पैदा होखे लागल बा । विशेषज्ञ के मुताबिक, नासा अब सुनीता आ बुच के सुरक्षित वापसी खातीर एलान मस्क के स्पेसएक्स के मदद ले सकता।

Advertisement

नासा के इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन (आईएसएस) में गइल सुनीता विलियम्स उहाँ फंसल बाड़ी। हो सकेला कि ओह लोग के धरती पर लवटे में कुछ अउरी समय लाग जाव । ऊ अमेरिकी अंतरिक्ष यात्री बुच विलमोर के साथे बोइंग के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान पर सवार होके अंतरिक्ष स्टेशन पर गइली। हालांकि नासा के तिसरका बेर उनका वापसी के योजना टार देबे के पड़ल । एहसे एह बात के चिंता बढ़ गइल बा कि भारतीय मूल के सुनीता आ बुच ओहिजा ‘फंसल’ हो सकेलें ।

एकरा में दिक्कत होखत रहल बा आ एकर उड़ान कई बेर स्थगित करे के पड़ल बा । अंत में 6 जून 2024 के ई इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन (ISS) पर पहुँचल। हालांकि अब एकरा सफर में एगो अउरी बाधा आइल बा।

बोइंग के स्पेस कैप्सूल धोखा दे दिहलस

दूसर ओर बोइंग एगो बयान जारी कs कहलस कि स्पेस कैप्सूल में थ्रस्टर खराब होखे आ वाल्व लीक होखे जइसन कुछ तकनीकी समस्या बा आ एकरा के ठीक करे खातीर विलियम्स आ बुच के वापसी के स्थगित करे के पड़ल।

कल्पना चावला के याद सहमा देलख 

सुनीता विलियम्स के अंतरिक्ष यात्रा के राह में आवत ई बाधा सिहरन बढ़ा दिहले बा । बहुत लोग भारतीय मूल के एगो अउरी अंतरिक्ष यात्री कल्पना चावला के याद दिलावत बाड़े, जेकरा आईएसएस से लवटत घरी एही तरह दुर्घटना से भेंट भइल आ ओकर मौत हो गइल ।

नासा के भी एह खतरा के जानकारी बा आ एही से ऊ कवनो जोखिम नइखे उठावल चाहत। शुरू में बुच विलमोर आ सुनीता विलियम्स के नौ दिन ले आईएसएस पर रहे के रहे आ 15 जून ले पृथ्वी पर लवट आवे के रहे। हालांकि नासा एह लोग के वापसी के तारीख तीन बेर बढ़ा दिहलस आ अब ई साफ नइखे कि ई दुनु अंतरिक्ष यात्री कब लवट पइहें ।

नासा मस्क के मदद ले सकेला

ब्रिटिश टैब्लॉइड डेलीमेल विशेषज्ञन के हवाला से कहलस कि नासा के ओह दुनु अंतरिक्ष यात्री के वापस ले आवे खातिर नया रॉकेट भेजे के पड़ सकेला । एकरा संगे-संगे ऊ उम्मीद जतवले कि ए मिशन के पूरा करे खातीर एलान मस्क के स्पेसएक्स के मदद लिहल जा सकता।

अखबार के मुताबिक, न्यूयॉर्क विश्वविद्यालय के एयरोस्पेस इंजीनियरिंग के प्रोफेसर कात्सुओ कुराबायाशी कहले कि, 'स्टारलाइनर के वर्तमान स्थिति के देखत संभव बा कि नासा अंतरिक्ष यात्री के सुरक्षित घर ले आवे खातीर स्पेसएक्स के क्रू ड्रैगन जईसन अंतरिक्ष यान के इस्तेमाल करे के फैसला कs सकता।' .'

एकरा संगे-संगे सुनीता विलियम्स आ बुच के सुरक्षा के लेके जवन चिंता जतावल जाता ओकरा के संबोधित करत ऊ कहले कि, 'जहाँ तक हम ए समय बता सकतानी, मिशन के जुलाई तक टालला से कवनो गंभीर चिंता ना पैदा होखे के चाही।' दूसर ओर नासा भी उम्मीद जतवले बा कि जुलाई के शुरुआत से पहिले दुनो अंतरिक्ष यात्री के वापस पृथ्वी पs ले आवल जा सकता।

Tags :
Advertisement