टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Sunita Willams: अंतरिक्ष से सुनीता विलियम्स के आइल मैसेज

03:12 PM Sep 07, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बोइंग के स्टारलाइनर नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बैरी विलमोर के बिना अंतरिक्ष से लवटल बा। ई अंतरिक्ष यान काल्ह अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से रवाना भइल रहे। स्टारलाइनर न्यू मैक्सिको के व्हाइट सैंड्स स्पेस हार्बर में उतरल। एकरा बारे में सुनीता विलियम्स के बयानो सामने आइल बा। उऽ रेडियो मेसेज देले बाड़ी।

Advertisement

नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बैरी विलमोर के अंतरिक्ष में ले जाए वाला बोइंग के अंतरिक्ष यान स्टारलाइनर  (Boeing Starliner Landed) शनिचर के दिने खाली पृथ्वी पर लवटल।

ई अंतरिक्ष यान बियफे के दिने अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से रवाना भइल रहे। एकरा बारे में सुनीता विलियम्स के बयानो सामने आइल बा।

 धरती पऽ लैंड भइल स्टारलाइनर 

बोइंग शनिचर के कहले कि खाली स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान के डीऑर्बिट पोल पूरा हो गइल बा आ डीऑर्बिट बर्न से लैंडिंग तक लैंडिंग चरण में 44 मिनट लागल। स्टारलाइनर न्यू मैक्सिको में व्हाइट सैंड्स स्पेस हार्बर पर लैंड कइलस।

का कहली सुनीता विलियम्स

एकरा से पहिला कि बिना चालक दल के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान पृथ्वी पर वापस लौटता, अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर दोनों ने उड़ान नियंत्रकन के फोन कऽ के टीम के भावुक संदेश देली।उऽ सहयोग खातिर धन्यवाद देली।

सुनिता आगे अंतरिक्ष यान के उपनाम के जिक्र करते घरी रेडियो संदेश में कहली, " रउआ लोगन खातिर कैलिप्सो के घर वापस लिआवे के समय आ गइल बा। हम रउआ साथे बानी एकरा के जल्दि धरती पs ले आई"।

Tags :
Big breking newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsspace newsSunita viliamSunita WilliamsSunita Williams in Space
Advertisement
Next Article