For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में चार दिनन के बाद निकलल घाम : तापमान बढ़ल तs लोग महसूस कइल राहत, ट्रेन आ फ्लाइट के समय भइल सामान्य

01:12 PM Jan 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर में चार दिनन के बाद निकलल घाम   तापमान बढ़ल तs लोग महसूस कइल राहत  ट्रेन आ फ्लाइट के समय भइल सामान्य
Advertisement

गोरखपुर में बीतल चार दिनन से पड़ रहल कोहरा आ कड़ाका के ठंड के बाद सोमार के घाम निकलल। चार दिनन के बाद सूर्य देव के दर्शन कs के लोग राहत महसूस कइल। हालांकि, गलन अभियो बरकरार बा। बाकिर धूप निकलला से तापमान में एक डिग्री के बढ़न्ती दर्ज कइल गइल। नतीजा दिन के अधिकतम तापमान 15 डिग्री हो गइल। जबकि न्यूनतम तापमान 0.7 डिग्री बढ़के आठ डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल। एसे जहां लोगन के राहत मिलल तs ओहिजा आसमान साफ होखला से सड़क पs चले वाला वाहनन के गति सामान्य भइल।

Advertisement

हालांकि, मौसम विभाग आवे वाला दिनन में बरखा के अलर्ट जारी कइल गइल बा। एकरा से गलन भरल ठंड के बढ़ला के आसार बा। मौसम सामान्य होखला से गोरखपुर एयरपोर्ट पs यातायात नार्मल भइल बा। विमानन के लैंडिंग आ टेकऑफ में सहूलियत मिलल बा। ओहिजा सोमार के दिल्ली आ झांसी से लवटे वाला ट्रेन तनिका देरी से गोरखपुर जंक्शन पहुंचल।

अगिला तीन दिनन तक बरखा के अलर्ट

मौसम वैज्ञानिक अतुल बतवलें कि पश्चिमी विक्षोभ एगो चक्रवाती परिसंचरण के रूप में सक्रिय बा। जवना के वजह से अगिला तीन दिनन तक गोरखपुर समेत पूरा प्रदेश में बरखा के संभावना बनल बा। ऊ कहलें कि ई प्रेरित चक्रवाती परिसंचरण दक्षिण हरियाणा आ आसपास के क्षेत्र पs इस्थित बा। औसत समुद्र तल से 1.5 किमी ऊपर तक फइलल बा। जबकि उत्तर प्रदेश के मध्य भागन से दक्षिण पश्चिमी मध्य प्रदेश तक समुद्र तल से 0.9 किलोमीटर ऊपर ट्रफ कम चिह्नित हो गइल बा। अइसन में गोरखपुर सहित पूरा उत्तर प्रदेश में बरखा होखे के पूर्वानुमान बा। ओहिजा पुरुआ हवा के प्रभाव से घना कोहरा छाइल बा।

Tags :
Advertisement