टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ममता सरकार के SC से मिलल राहत, CBI ममिला में केंद्र सरकार के खिलाफ दाखिल याचिका पs होई सुनवाई

12:05 PM Jul 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सीबीआई के कथित तौर पs दुरुपयोग के ममिला में बंगाल सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइलस। कोर्ट एह याचिका पs सुनवाई करे के फैसला कs लेले बा।

Advertisement

ममता सरकार के आरोप बा कि राज्य के अधीन आवे वाला ममिलन के सीबीआई जांच खातिर भेजल जाला। एकरा बाद ओह ममिलन के एकतरफा जांच होला। ओहिजा, एह ममिलन पs केंद्र सरकार हस्तक्षेप करेले। जस्टिस बीआर गवई आ जस्टिस संदीप मेहता के बेंच मनलस कि एह याचिका पs सुनवाई होखे के चाहीं।

केंद्र सरकार के आपत्तियन के कोर्ट कइलस खारिज

कोर्ट कहलस कि बिना राज्य सरकार के इजाजत के एह ममिला पs सीबीआई जांच करावल सही नइखे। सुप्रीम कोर्ट के कहनाम बा कि पश्चिम बंगाल के मुकदमा कानून के मुताबिक शीर्ष अदालत के सोझा आगे बढ़ी। सुप्रीम कोर्ट मुकदमा के विचारणीयता पs केंद्र सरकार के प्रारंभिक आपत्तियन के खारिज कs देलस।

बता दीं कि संविधान के अनुच्छेद 131 के तहत केंद्र के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइल गइल बा। एह ममिला पs सुप्रीम कोर्ट सितंबर में अगिला सुनवाई करी।

Tags :
Bhojpuri NewsCBI InvestigationMamta GovernmentRelief for Mamta GovernmentSupreme Court
Advertisement
Next Article