टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत, मानहानि के मुकदमा पs लगल रोक; अमित शाह से जुड़ल बा मामला

01:42 PM Jan 20, 2025 IST | Minee Upadhyay
राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत
Advertisement

राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। दरअसल, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के खिलाफ कथित अपमानजनक टिप्पणी के चलते कांग्रेस नेता राहुल गांधी के खिलाफ दायर आपराधिक मानहानि के मामला में सुप्रीम कोर्ट निचला अदालत के कार्यवाही पs रोक लगा देले बिया। भारतीय जनता पार्टी के कार्यकर्ता नवीन झा 2019 में राहुल गांधी के खिलाफ अमित शाह के खिलाफ कथित टिप्पणी के मामला में मुकदमा दर्ज करवले रहले। 

Advertisement

झारखंड में केस चलत रहे
बता दीं कि झारखंड में चलत मानहानि के मामला के रद्द करे के मांग करे वाली याचिका पs आज सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भईल। एह मामिला में सुप्रीम कोर्ट नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी के राहत दे दिहले बा. सुप्रीम कोर्ट रांची के निचला अदालत में चलत मानहानि के मामला पs रोक लगा देलस। राहुल गांधी के याचिका पs सुप्रीम कोर्ट झारखंड सरकार शिकायतकर्ता नवीन झा के नोटिस जारी कs देले बिया। 

पूरा बात का बा
दरअसल, 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिले चाईबासा में दिहल एगो भाषण के दौरान राहुल गांधी अमित शाह खातीर 'हत्यारा' शब्द के इस्तेमाल कईले रहले। न्यायमूर्ति विक्रम नाथ अवुरी न्यायमूर्ति संदीप मेहता के पीठ राहुल गांधी के अपील पs झारखंड सरकार अवुरी भाजपा नेता के नोटिस जारी कs के जवाब मंगले बिया. राहुल गांधी झारखंड हाईकोर्ट के आदेश के चुनौती देले बाड़े। हाईकोर्ट राहुल गांधी के याचिका के खारिज कs देले रहे जवना में उनुका खिलाफ निचला अदालत में उनुका खिलाफ चलत मुकदमा रद्द करे के निहोरा कईल गईल रहे।

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Tags :
Amit shahNew DelhiRahul gandhiSupreme Court
Advertisement
Next Article