टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Supreme Court: 'इ कवनो कॉफी शॉप ना हऽ', सुनवाई के दौरान वकील पऽ भड़कले मुख्य न्यायाधीश

03:22 PM Sep 30, 2024 IST | Sonu Kishor
मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़
Advertisement

सोमार के सुप्रीम कोर्ट में एगो मामला के सुनवाई के दौरान मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़ एगो वकील पऽ खीसिया गइले। दरअसल सीजेआई वकील के भाषा से एतना नाराज रहले कि वकील के लगभग डांटत कहले कि इ कवनो कॉफी शॉप ना बलुक सुप्रीम कोर्ट हऽ। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक सुनवाई के दौरान वकील हाँ शब्द के इस्तेमाल कइले। जवना पs मुख्य न्यायाधीश खिसिया गइलन।

Advertisement

का बा पूरा मामला

वकील साल 2018 के याचिका पेश कइले रहले, जवना में वकील पूर्व मुख्य न्यायाधीश न्यायाधीश रंजन गोगोई के प्रतिवादी बना देले रहले। याचिका के सुनवाई करत मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़ अचरज जतवले आ पूछले कि, 'का इ अनुच्छेद 32 के तहत याचिका हऽ? जज के प्रतिवादी बनावत घरी रउरा कइसे याचिका दाखिल कऽ सकीलें? ध्यान देवे वाला बात बा कि अनुच्छेद 32 में देश के नागरिक के मानव अधिकार के उल्लंघन होखला पs अपना अधिकार के प्रयोग करे के अधिकार दिहल गइल बा। एह पs वकील साहब कहले कि हँ हँ, एमें तब के मुख्य न्यायाधीश रंजन गोगोई के प्रतिवादी बनावल गइल बा। हमरा के क्यूरेटिव याचिका दाखिल करे के कहल गइल।

मुख्य न्यायाधीश वकील के डांट देले

वकील साहब के इ बात कहते ही मुख्य न्यायाधीश जी खिसिया के वकील साहब के बात काटत कहले कि ई कापी शॉप ना ह, ई का हऽ, हँ हँ..। हमरा एह शब्द से नफरत बा। कोर्ट में एकर अनुमति नइखे दिहल जा सकत। सीजेआई कहले कि, 'जस्टिस गोगोई एह अदालत के जज रहल बाड़े आ रउआ अइसन जज के खिलाफ याचिका दाखिल नइखी कऽ सकत अउरी आंतरिक जांच करावे के मांग नइखी कऽ सकत, काहेंकी पहिला पीठ आपके याचिका के स्वीकार ना कइलस।'  एकरा बाद मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़ कहले कि याचिका के सूचीबद्ध करे पs रजिस्ट्री विभाग फैसला करी। संगही, उऽ याचिकाकर्ता के जस्टिस गोगोई के नावें याचिका से हटावे के निर्देश देले, काहेंकी जस्टिस गोगोई अब राज्यसभा के सदस्य बाड़े।

Tags :
Chief Justice of IndiaSUPRIME COURTSuprime court order
Advertisement
Next Article