For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भाजपा के विज्ञापन पऽ रोक मामला में आज सुनवाई करी सुप्रीम कोर्ट, आचार संहिता के उल्लंघन से जुड़ल बा केस

07:50 AM May 27, 2024 IST | Sonu Kishor
भाजपा के विज्ञापन पऽ रोक मामला में आज सुनवाई करी सुप्रीम कोर्ट  आचार संहिता के उल्लंघन से जुड़ल बा केस
Advertisement

सुप्रीम कोर्ट सोमार के कलकत्ता हाई कोर्ट के एगो फैसला के खिलाफ भाजपा के एगो याचिका पs सुनवाई करी। एकल जज के पीठ अपना फैसला में भाजपा के उऽ विज्ञापन जारी करे से रोकले बा जवना के लोकसभा चुनाव के दौरान आचार संहिता के उल्लंघन मानल गइल बा। सुप्रीम कोर्ट के वेबसाइट पs 27 मई के कॉज लिस्ट अपलोड कइल गइल बा जवना के अनुसार पीठ एह मामला के सुनवाई करी।

Advertisement

22 मई के हाई कोर्ट के डिविजन बेंच एकल पीठ के अंतरिम आदेश के खिलाफ अपील के सुनवाई करे से मना कऽ देले रहे।

शीर्ष कोर्ट पार्टी विज्ञापन के प्रकाशन पऽ रोक लगा देले रहे

विगत 20 मई के एकल पीठ भाजपा के आगामी चार जून तक आचार संहिता के उल्लंघन करे वाला पार्टी विज्ञापन के प्रकाशन पs रोक लगा देले रहे। अदालत बंगाल में तृणमूल कांग्रेस के उल्लेखित भाजपा के विज्ञापन पs रोक लगवले बा जवना में टीएमसी के खिलाफ निराधार आरोप लगावल गइल रहे।

भाजपा याचिका में दावा कइलस

भाजपा याचिका में दावा कइलस कि हाई कोर्ट के एकल पीठ आपन फैसला सुनावत घरी एह बात के ध्यान ना रखले कि ई मामला पहिलहीं चुनाव आयोग के समक्ष बा।

Tags :
Advertisement