For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अरविंद केजरीवाल के जमानत पऽ सुप्रीम कोर्ट के बड़ टिप्पणी, कहलस- विचार कइल जा सकऽता, केस में समय लागी 

05:23 PM May 03, 2024 IST | Sonu Kishor
अरविंद केजरीवाल के जमानत पऽ सुप्रीम कोर्ट के बड़ टिप्पणी  कहलस  विचार कइल जा सकऽता  केस में समय लागी 
Advertisement

Delhi Excise Policy Scam मामला में ईडी के ओर से मनी लॉन्ड्रिंग के आरोप में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल खातिर शुक के सुप्रीम कोर्ट के सुनवाई कुछ राहत लेके आइल। सुप्रीम कोर्ट के दो जजन के बेंच सुनवाई करत घरी कहलस कि उऽ चुनाव के देखत केजरीवाल के अंतरिम जमानत देवे पs कइल जा सकऽता। हालांकि ई होई भा ना एकर फैसला मंगर के होई।

Advertisement

Delhi Excise Policy Scam मामला में जेल में बंद दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आपन गिरफ्तारी के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले बाड़े। एह मामला में आज जतना सुनवाई भइल उऽ केजरीवाल खातिर कई मायनन में राहत देवे वाली रहल।

सुप्रीम कोर्ट के दो जजन के बेंच सुनवाई करत घरी कहलस कि उऽ चुनाव के देखत केजरीवाल के अंतरिम जमानत देवे पs कइल जा सकऽता। हालांकि ई होई भा ना एकर फैसला मंगर के होई।

ईडी ने मंगलस आपन पक्ष राखे के समय

एपर जब ईडी कहलस कि कवनो फैसला सुनावे से पहिले उऽ लोग के अपना पक्ष राखे के पूरा मौका देवे के चाही तऽ कोर्ट कहलस कि उऽ अबही एपर कवनो विचार नइखे करत, काहेकि एमें समय लागी।

जब केजरीवाल के वकील कोर्ट से मंगर के बजाय सोमार के सुनवाई खातिर कहले तऽ कोर्ट कह देलस कि उऽ अबही कवने तरे कमेंट ना करी, मंगरे के फैसला सुनावल जाई।

Tags :
Advertisement