For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सूर्या के दूसरका IPL सेंचुरी से जीतल मुंबई इंडियंस : सनराइजर्स हैदराबाद के 7 विकेट से हरवलस, चावला आ हार्दिक के 3-3 विकेट

11:23 AM May 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
सूर्या के दूसरका ipl सेंचुरी से जीतल मुंबई इंडियंस   सनराइजर्स हैदराबाद के 7 विकेट से हरवलस  चावला आ हार्दिक के 3 3 विकेट
Advertisement

इंडियन प्रीमियर लीग (IPL 2024) में सूर्यकुमार यादव के सेंचुरी के दम पs मुंबई इंडियंस चउथा जीत दर्ज कइलस। टीम वानखेड़े स्टेडियम में सनराइजर्स हैदराबाद के सात विकेट से हरवलस। ई हैदराबाद के पिछिला चार मैचन में तीसरका हार रहल।

Advertisement

वानखेड़े स्टेडियम में मुंबई टॉस जीतके गेंदबाजी चुनलस। हैदराबाद 20 ओवर में आठ विकेट के नुकसान पs 173 रन बनवएस। ट्रैविस हेड 48 आ पैट कमिंस 35 रन बनवलें। मुंबई से हार्दिक पंड्या आ पीयूष चावला 3-3 विकेट लिहल लो।

मुंबई 17.2 ओवर में तीन विकेट के नुकसान पs टारगेट हासिल कs लेलस। सूर्यकुमार यादव 102 रन बनाके, ऊ तिलक वर्मा के संगे 143 रन के पार्टनरशिप कइलें। हैदराबाद से पैट कमिंस, भुवनेश्वर कुमार आ मार्को यानसन 1-1 विकेट लिहल।

हैदराबाद के मिलल अच्छा सुरुआत

टॉस हारके पहिले बैटिंग करे उतरल सनराइजर्स हैदराबाद पावरप्ले में एके विकेट के नुकसान पs 56 रन बना देलें। 10 ओवर तक टीम के स्कोर 90/2 रहल, इहां पीयूष चावला ट्रैविस हेड के चलता कइलें। चावला फेर हेनरिक क्लासन आ अब्दुल समद के पेवलियन भेजलें। उनका कप्तान हार्दिक पंड्या के साथ मिलल, उहों तीन विकेट लेलें। सनराइजर्स के स्कोर 90/2 से 136/8 हो गइल।

कमिंस पहुंचवलें 170 के पार

हैदराबाद के कप्तान पैट कमिंस आखिर में महज 17 बॉल पs 35 रन बना देलें। उनका पारी के दम पs टीम 20 ओवर में 173 रन के स्कोर खड़ा कs देलस। कमिंस के संगे इम्पैक्ट प्लेयर सनवीर सिंह सात बॉल में 8 रन बनाके नॉटआउट रहलें। मुंबई से अंशुल कम्बोज आ जसप्रीत बुमराह के 1-1 विकेट मिलल।

मुंबई के सुरुआत रहल खराब

174 रन के टारगेट के पीछा करत मुंबई नौ गेंना पs 26 रन बना देले रहे। बाकिर, इहां से मुंबई पांच रन बनावे में तीन विकेट गंवा देलें। टीम के स्कोर पांच ओवर के बाद तीन विकेट पs 36 रन हो गइल।

छठे ओवर में फेर सूर्यकुमार यादव आ तिलक वर्मा कमिंस के खिलाफ 16 रन बटोरलें। फेर अगिला ओवर में मार्को यानसन के खिलाफ 22 रन बनवलें आ दबाव हैदराबाद पs कs देलें। सात ओवर के बाद स्कोर 74 रन तक पहुंच गइल।

सूर्या के सेंचुरी, छक्का मारकर टीम के जितवलें

सूर्यकुमार यादव 18वां ओवर के दूसरका बॉल पs छक्का लगवलें। एही के संगे ऊ आपन सेंचुरी पूरा कइलें आ टीम के जीत दिला दें। सूर्या 51 बॉल में 102 रन बनाके नॉटआउट रहलें। ऊ तिलक वर्मा के संगे 143 रन के पार्टनरशिप कइलें। तिलक 32 बॉल पs 37 रन बनवलें।

पॉइंट्स टेबल में 9वां नंबर पs पहुंचल MI

16 गेना बाकी रहत मिलल जीत के चलते मुंबई इंडियंस पॉइंट्स टेबल में 9वां नंबर पs पहुंच गइल। टीम के 12 मैचन में चार जीत आ आठ हार से आठ पॉइंट्स बा। एतनही पॉइंट्स गुजरात के बा, बाकिर टीम खराब रन रेट के कारण 10वां नंबर पs खिसक गइल। बेंगलुरु आ पंजाब के आठ-आठ पॉइंट्स बा बाकिर दुनो टीम बेहतर रन रेट के कारण मुंबई से आगे बाड़ी सs।

दूसरका ओर हैदराबाद के पिछला चार मैचन में तीसरका हार मिलल, एह दौरान टीम के एक जीत राजस्थान रॉयल्स के खिलाफ एक रन से रहल। ओकर अब 11 मैचन में जीत आ पांच हार से 12 पॉइंट्स बा, टीम चउथा नंबर पs बिया बाकिर ओकरा क्वालिफाई करे खातिर आखिरी तीनो मैच जीतही के होई।

दुनों टीमन के प्लेइंग-11

मुंबई इंडियंस: हार्दिक पंड्या (कप्तान), ईशान किशन (विकेटकीपर), रोहित शर्मा, नमन धीर, सूर्यकुमार यादव, तिलक वर्मा, टिम डेविड, अंशुल कंबोज, पीयूष चावला, जसप्रीत बुमराह, नुवान थुषारा।
इम्पैक्ट: नेहल वाधेरा।

सनराइजर्स हैदराबाद: पैट कमिंस (कप्तान), अभिषेक शर्मा, ट्रैविस हेड, मयंक अग्रवाल, नितीश रेड्डी, हेनरिक क्लासन (विकेटकीपर), अब्दुल समद, शाहबाज अहमद, मार्को यानसन, भुवनेश्वर कुमार, टी नटराजन
इम्पैक्ट: सनवीर सिंह।

Tags :
Advertisement