टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND vs BAN: टी20 में सबसे तेज 2500 रन पूरा करे वाला दूसरका भारतीय बनलें सूर्यकुमार, खेललें सानदार अर्धशतकीय पारी

08:35 AM Oct 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
सूर्यकुमार यादव - फोटो : BCCI
Advertisement

भारतीय टी20 कप्तान सूर्यकुमार यादव बांग्लादेश के खिलाफ हैदराबाद में खेलल गइल टी20 मैच के दौरान एगो खास उपलब्धि अपना नावे कs लेलें। सूर्यकुमार टी20 अंतरराष्ट्रीय में 2500 रन पूरा कs लेले बाड़ें। ऊ अइसन दूसरका भारतीय हवे जे सबसे तेजी से ई कारनामा कइले बाड़ें। बायां हाथ के ई बल्लेबाज 71वीं पारी में ई उपलब्धि अपना नावे कइलें। सूर्यकुमार एह मैच में सानदार प्रदर्शन कइलें आ 35 गेना पs आठ चौका आ पांच छक्का के मदद से 75 रन बनवलें।

Advertisement

भारत खातिर टी20 में सबसे तेज 2500 रन पूरा करे के रिकॉर्ड विराट कोहली के नावे दर्ज बा। कोहली दिसंबर 2019 में वेस्टइंडीज के खिलाफ हैदराबाद में खेलल गइल मैच के दौरान ई उपलब्धि हासिल कइले रहस। कोहली 2500 रन पूरा करे खातिर 68 पारी लेले रहस। ओवरऑल सबसे तेज 2500 रन पूरा करे के रिकॉर्ड अभियो पाकिस्तान के पूर्व कप्तान बाबर आजम के नावे बा। बाबर 62 पारियन में ई उपलब्धि अपना नावे दर्ज कइले रहस। भारत के अपना कप्तानी में टी20 विश्व कप के खिताब दिलावे में रोहित शर्मा 2500 रन पूरा करे खातिर 92 पारी लेले रहस।

टी20 में सबसे तेज 2500 रन पूरा करे वाला बल्लेबाज

सूर्यकुमार-संजू के साझेदारी से जीतल भारत

बांग्लादेश के खिलाफ तीसरका टी20 मैच में संजू सैमसन आ सूर्यकुमार ताबड़तोड़ बल्लेबाजी कइलें आ रिकॉर्ड के झड़ी लगा देलें। सैमसन मात्र 40 गेना पs आपन टी20 अंतरराष्ट्रीय करिअर के पहिला शतक जड़लें। पिछलका दु मैचन में बड़ पारी खेले में विफल रहे वाला सैमसन एह पारी के बदौलत टीम प्रबंधन आ कप्तान के भरोसा पs खरा उतरे में सफल रहलें। सैमसन 47 गेना पs 11 चौका आ आठ छक्कन के मदद से 111 रन बनाके आउट भइलें। ई उनका टी20 करिअर के सर्वश्रेष्ठ स्कोर बा। सैमसन कप्तान सूर्यकुमार यादव के संगे मिलके दूसरका विकेट खातिर 173 रन के साझेदारी कइलें। एह दुनों के सानदार पारियन के दम पs भारत बांग्लादेश के खिलाफ ई मुकाबला 133 रन से जीतल आ तीन मैचन के सीरीज 3-0 से क्लीन स्वीप कइलस।

Tags :
Bhojpuri Newscricket newsIND Vs BANSuryakumar YadavVIRAT KOHLI
Advertisement
Next Article