For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Anniversary: 34 के उमिर में सुशांत के भइल मौत, टीवी से कइले रहस अभिनय के सुरुआत

12:18 PM Jun 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
anniversary  34 के उमिर में सुशांत के भइल मौत  टीवी से कइले रहस अभिनय के सुरुआत
Advertisement

सुशांत सिंह राजपूत बॉलीवुड के ऊ चेहरा हवे, जेकरा के केहू भुला नइखे सकत। सुशांत के गइला के बाद उनकर परिवार, रिश्तेदार आ इहां तक कि उनकर प्रशंसक लोग उनका के अक्सर इयाद करते रहेला। सुशांत अपना अभिनय से हर केहू के दिल एह कदर जीतलें, कि जब ऊ एह दुनिया से गइलें तs हर केहू के आंखे नम हो गइल रहे। सुशांत के मृत्यु आजो एक रहस्य बनल बा। 14 जून 2020 के भरल दुपहरिया जब सुशांत सिंह के निधन के खबर आइल तब समूचा देस में खलबली मच गइल रहे। आज सुशांत के पुण्यतिथि पs जानीं उनका से जुड़ल कुछ बात...

Advertisement

सुशांत के जनम

सुशांत सिंह के चेहरा पs हमेसा एगो प्यारा मुस्कुराहट रहत रहे। बहुत कम लोग जानत होई कि सुशांत के उपनाम 'गुलशन' रहे। सुशांत के जनम 21 जनवरी 1986 के पटना में भइल रहे। पांच भाई-बहिन में सबसे छोट रहस सुशांत। सुशांत के मां के मृत्यु के बाद पूरा परिवार टूट गइल रहे आ पटना से दिल्ली बस गइल रहे। सुशांत 14 जून 2020 के अंतिम सांस लेले रहस।

टीवी से कइले रहस अभिनय के सुरुआत आ फिलमी करिअर

सुशांत अपना करियर के सुरुआत टेलीविजन धारावाहिकन से कइले रहस। उनकर पहिला शो स्टार प्लस के रोमांटिक ड्रामा 'किस देश में है मेरा दिल' 2008 में आइल रहे, ओकरा बाद जी टीवी के लोकप्रिय शो 'पवित्र रिश्ता' से उनका बहुते प्रसिद्धी मिलल रहे। फिल्मी करिअर के सुरुआत 2013 में आइल फिलिम 'काय पो छे' से कइले रहस। एकरा बाद ऊ 'शुद्ध देसी रोमांस', 'पीके', 'डिटेक्टिव ब्योमकेश बक्शी' में काम कइलें। 2016 के फिलिम 'एम. एस. धोनी: द अनटॉल्ड स्टोरी' में ऊ महेंद्र सिंह धोनी के मुख्य भूमिका निभवले रहस, जेकरा के सभे पसंद कइले रहे।

34 साल के उमिर में सुशांत सिंह राजपूत के निधन 14 जून 2020 के हो गइल रहे। सुशांत के शव मुंबई के बांद्रा इस्थित फ्टैल में मिलल रहे। मुंबई पुलिस सुशांत के निधन के कारण सुसाइड बतवले बाकिर सुशांत के फैमिली कहलस कि उनकर मर्डर भइल बा फेर सुशांत के अइसन करे पs मजबूर कइल गइल। जब फैंस आ फैमिली के भारी डिमांड सरकार से भइल तs सरकार एह केस के सीबीआई के सउप देले रहे। सीबीआई अभी एकर जांच करते रहे तले ई केस एनसीबी के ओर मुड़ गइल। एकरा बाद सबूत के आधार पs एनसीबी कई सेलिब्रिटीज से पूछताछ भइल। सुशांत के केस में फाइनली का भइल अभी तक ई एगो रहस्य बनल बा।सुशांत के फैमिली आ फैंस आजो न्याय के मांग कs रहल बा लो।

Tags :
Advertisement