टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

धन कुबेर निकऽलले निलंबित खनन इंस्पेक्टर, धनबाद आ मधुबनी में फ्लैट-जमीन

09:59 AM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रस्तुति खातिर उपयोग फोटो ( Google)
Advertisement

बिहार के भोजपुर जिला में तैनात खनन निरीक्षक रंजीत कुमार पs आरोप बा कि उनका आय के अनुपात में संपत्ति नइखे। आर्थिक अपराध इकाई (ईओयू) पटना अउरी आरा में उनका ठिकाना पs छापामारी कइले बिया। एह दौरान झारखंड के धनबाद आ मधुबनी में फ्लैट आ जमीन होखे के जानकारी मिलल बा। ईओयू के अधिकारियन के रंजीत कुमार के आवास से बहुते महत्वपूर्ण दस्तावेज मिलल बा जवना के जाँच कइल जा रहल बा।

Advertisement

अवैध बालू खनन मामला में निलंबित भोजपुर के खनन निरीक्षक रंजीत कुमार के आय से अधिका संपत्ति के मामला में शिकंजा कसल जाता।

आर्थिक अपराध इकाई (ईओयू) एह मामला में पांच सितंबर के पटना आ आरा में उनका ठिकाना पs एक संगे छापामारी कइले रहे। एमें झारखंड के धनबाद आ मधुबनी में फ्लैट आ जमीन होखे के जानकारी मिलल बा।

ईओयू के अधिकारी के मुताबिक, विशेष टीम आय से अधिक संपत्ति के मामला के सिलसिला में रंजीत कुमार के आरा में किराया के आवास आ पटना सिटी के पैतृक मकान पs छापामारी कइलस। एह दौरान आरा में उनका किराया के मकान से जमीन, संपत्ति आ निवेश के कागजात मिलल।

ठिकाना पऽ मिलल ई सामान

एमें धनबाद में दू गो फ्लैट बुक करे के कागज, मधुबनी में जमीन के कागज आ धनबाद में जमीन के कागज शामिल बा। एकरा अलावे बीमा पॉलिसी, एलआईसी बांड पेपर, कार, मोटरसाइकिल आदि के दस्तावेज मिलल बा।

गहना के संगे-संगे अलग-अलग बैंक के खाता, चेक आ एटीएमो जांच टीम के मिलल बा। एह दस्तावेजन के जाँच कइल जा रहल बा आ संपत्ति के वास्तविक मूल्यांकन कइल जा रहल बा।

ईओयू के मुताबिक रंजीत कुमार साल 2021-22 के बीच भोजपुर में खनन निरीक्षक के पद प तैनात रहले। एह दौरान उनका पs भ्रष्टाचार के आरोप लागल। एह मामला के जांच के दौरान आय से अधिका संपत्ति के मामला के जानकारी सोझा आइल, ओकरा बाद 4 सितंबर के मामला दर्ज भइल आ एक संगे पटना आ आरा के पांच जगह पs तलाशी लिहल गइल।

Tags :
bihar newsBihar policekhabar bhojpuri bhojpuri newskhbar bhojpuri news
Advertisement
Next Article