For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

स्वाद यात्रा : गर्मी में पूर्वांचल के खास कच्चा आम के खट्टा मीठा चटनी

12:09 PM May 06, 2024 IST | Raj Nandani
स्वाद यात्रा   गर्मी में पूर्वांचल के खास कच्चा आम के खट्टा मीठा चटनी
Advertisement

सामग्री / मेजन 

Advertisement

500 ग्राम कच्चा आम (टिकोरा)

250 ग्राम गुड़ (मीठा)

2 चम्मच सरसो तेल

1 चम्मच सौंफ

1 चम्मच जीरा

1/2 चम्मच में मंगरइल

1/4 चम्मच हल्दी पाउडर

1 चम्मच कश्मीरी लाल मिर्च पाउडर

1 चम्मच लाल मिर्च पाउडर

1 चम्मच भुनल जीरा पाउडर

1 चम्मच काला नमक

स्वादानुसार नमक

1/2 चम्मच धनिया पाउडर

तनी सा पुदीना के पत्ता

कुकिंग निर्देश 

1. सबसे पहिले आम के धो लिहि आ तब छील ली आ लंबाई में काट लिही।

सब सामग्री के एक संगे रख लिही।

2 . कढ़ाई में तेल गरम करी आ एहमें जीरा, सौंफ, मंगरइल डाली। फेर एहमें कटल आम डाली आ मिक्स करी तनी देर भून लिही।

5 मिनट बाद एकरा में सब मसाला आ पुदीना पत्ती डाली आ मिक्स करी।

3. 1/2 गिलास पानी डाल दी आ ढक दी। जब आम तनी पाक जाए तो एहमें गुड़ डाली आ मिक्स करी आ फिर से ढक दीही। जब गुड़ गल जाए आ आम ट्रांसपेरेंट दिखे त चटनी तइयार बा। अपना अनुसार खट्टमिट्ठी में पानी कम, बेसी कर सकत बानी।

4. ठंडा होखे प सर्व करी । ठंडा होखे प चटनी और गाढ़ हो जाले

। रउवो बनाइ आ एंजॉय करी।

Tags :
Advertisement