For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

स्वाद यात्रा : गर्मी में आम से बनल खास आम्रखंड,जानी पूरा रेसीपी

09:46 AM May 27, 2024 IST | Raj Nandani
स्वाद यात्रा    गर्मी में आम से बनल खास आम्रखंड जानी पूरा रेसीपी
Advertisement

चिलचिलात गर्मी से रउवा भी तंग आ गइल होखेम, अइसे में खबर भोजपुरी के स्पेशल सेगमेंट स्वाद यात्रा रउवा ला लियाइल बा गर्मी से राहत देवे वाला आम से बनल आम्रखंड । जानी पूरा रेसीपी ।

Advertisement

सामग्री

  •  1 कप ताजा दही
  • 1 आम के पल्प (गुदा)
  •  आम के छोट पीस सजावट खातिर
  • 1/3 कप या स्वाद के अनुसार चीनी
  • 1/3 टी स्पून जायफल पाउडर
  •  केसर के कतरन
  • 5-6 पिस्ता
  • 1/2 चम्मच हरा इलायची पाउडर

आम्रखंड खातिर दही अनिवार्य रूप से फ्रेश आ गाढ़ होखे चाहि तबे अच्छा आम्रखंड बनी । एकरे खातिर दही के छलनी पs डाली आ नीचे कवनो बर्तन लगा दीही, एहसे दही के सारा पानी 1घंटा में निकल जाई। अब एकरा के कवनो मुलायम कपड़ा में डाली आ 1-2 घंटे खातिर नल पs लटका दीही। दोसर तरफ आम के निमन से धोके, साफ कs के छिल के छोट टुकड़ा में काट लिही।

आम,चीनी,पिस्ता, इलायची पाउडर आ जायफल पाउडर के ब्लेंडर में डाली आ ब्लेंड कs प्यूरी बना लिही।

अब तनी सा प्यूरी के गार्निशिंग खातिर अलगा निकाल के राख दीही । बाकी के दही में मिलाई आ निमन से मिक्स कs लिही। केसर के धागा भी मिलाई । अब एकरा के 3-4 घंटे खातिर सेट होखे खातिर फ्रिज में रख दीही।

ठंडा- ठंडा आम्रखंड तैयार बा।

अपना मन अनुसार गार्निश डेकोरेट कs सर्व करी आ गर्मी में ठंडा ठंडा आम्रखंड के आनंद लीही

Tags :
Advertisement