For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

स्वाद यात्रा: व्रत स्पेशल सबुदाना खिचड़ी बनावे के सबसे आसान रेसिपी

12:05 PM Jul 22, 2024 IST | Raj Nandani
स्वाद यात्रा  व्रत स्पेशल सबुदाना खिचड़ी बनावे के सबसे आसान रेसिपी
Advertisement

सबुदाना खिचड़ी नवरात्रि के दौरान बनल एगो खास रेसिपी हs। जवना के शुद्ध फलदार मानल जाला। खासकर सावन के समय जब लोग दिन तक व्रत रखेला तs सबुदाना खिचड़ी ओ लोग के स्वस्थ आ फिट राखे में मदद करेला। ई खिचड़ी जेतना शुद्ध आ सात्विक होला ओतने एकर स्वाद बेजोड़ होला। एकर स्वाद रॉक सॉल्ट के संगे तैयार कइला पs अउरी बढ़ जाला। एकरा माध्यम से रउआ व्रत के परंपरा के पालन करत अपना स्वास्थ्य के ध्यान राख सकेनी। तs बताईं कि ई हेल्दी आ स्वादिष्ट खिचड़ी कइसे बनावल जाला। एकरा के बनावे में कवन सामग्री के जरूरत पड़ी आ घर में खुद कइसे तैयार कs सकतानी।

Advertisement

मुख्य सामग्री / मेजन 

1 कप मूंगफली

1 कटल आलू

1 कटोरी रात भर भींजल साबूदाना

तेल

सेंधा नमक

How to make: व्रत स्पेशल सबुदाना खिचड़ी बनावे के सबसे आसान रेसिपी

 1. सबसे पहिले कड़ाही में तेल डाल के बढ़िया से गरम कs लीं। अब ओकरा में मूंगफली डाल के भूंज लीं, मूंगफली के एतना तले के पड़ेला कि कुरकुरा हो जाए। अब एकरा में बारीक कटल आलू डाल के 2 मिनट तक बढ़िया से भूंज लीं।

2. एकरा बाद दोसरा कड़ाही में तेल गरम कs के ओकरा में जीरा डाल दीं। अब घिसल अदरक, बारीक कटल हरियर मिर्च डाल के कुछ मिनट तक पकाईं। अब स्वाद के हिसाब से सेंधा डाल दीं। चम्मच के मदद से सब सामग्री के बढ़िया से मिला लीं।

3. अब ओकरा में भींजल साबूदाद डाल के चम्मच के मदद से बढ़िया से मिला लीं। आ एकरा के 1 से 2 मिनट तक बढ़िया से पकाईं। राउर साबूदाना के खिचड़ी तैयार बा। एकरा के हरियर धनिया से सजा के गरम गरम परोसीं।

Tags :
Advertisement